सेमीफाइनल में भारत के भइल शर्मनाक हार, इंग्लैंड 10 विकेट से हरवलस, पाकिस्तान से होई फाइनल

कुमार आशू

टी20 वर्ल्ड कप के दूसरा सेमीफाइनल भारत अउर इंग्लैंड के बीच बियफे के को एडिलेड में खेलल गइल। इंग्लैंड टॉस जीत के पहिले गेंदबाजी के फैसला कइलस। टीम इंडिया 20 ओवर में 6 विकेट पर 168 रन बनवलस। जवाब में इंग्लैंड के टीम 16 ओवर में बिना विकेट गंववले 170 रन बना लिहलस।

भारत के इंग्लैंड 10 विकेट से हरवलस

इंग्लैंड सेमीफाइनल में भारत के 10 विकेट से हरा दिहले बा। ऊ 169 रन के लक्ष्य के बिना विकेट गंववले हासिल कs लिहलस। भारत पहिले बल्लेबाजी करत 20 ओवर में छह विकेट पर 168 रन बनवलस। जवाब इंग्लैंड के टीम 16 ओवर में बिना कौनो नुकसान के 170 रन बना लिहलस। इंग्लैंड खातिर एलेक्स हेल्स 47 गेंद पर नाबाद 86 रन बनालें। कप्तान जोस बटलर 49 गेंद पर 80 रन के पारी खेलनें। भारत के छह में से चार गेंदबाज लोग 10 से ज्यादा के इकोनॉमी रेट से रन दिहल।

Share This Article