सेंट्रल डेस्क: भारतीय अमेरिकन खातिर सुक के दिन ऐतिहासिक रहल। दरअसल, छव भारतवंशी नेता लो अमेरिकी संसद के सदस्य के रूप में शपथ लिहल लो। ई पहिला मवका हs, जब अमेरिकी संसद के हाउस ऑफ रिप्रजेंटेटिव माने निचला सदन में एक संगे छव भारतीय-अमेरिकन शपथ ग्रहण कइल लो।
ई लोग मारल बाजी
सुहास सुब्रमण्यम, अमी बेरा, राजा कृष्णमूर्ति, रो खन्ना, प्रमिला जयपाल आ श्री थानेदार अमेरिकी सदन में पहुंचल बा लो। डॉ. अमी बेरा 2013 से कैलिफोर्निया के सातवां संसदीय जिला के प्रतिनिधित्व करे वाला सबसे सीनियर भारतीय अमेरिकी सांसद बाड़ें। ऊ सदन में सातवां बेर शपथ लेला पs सोशल मीडिया मंच एक्स पs कहलें, ‘जब हम पहिला बेर 12 साल पहिले शपथ लेले रहनी तs हम अकेला भारतीय अमेरिकी सांसद रही। जदि अमेरिका के इतिहास के बात करीं तs तीसरका सांसद रही। आज हम एक बेर शपथ ले रहल बानी। अब हमनी के छव लोगन के मजबूत समूह बानी सs। हमरा खुसी बा कि आवे वाला बरिसन में आउर भारतीय अमेरिकी सांसद होइहें!’
का बोललें सुहास?
भारतीय-अमेरिकी वकील सुहास सुब्रमण्यम वर्जीनिया से चुनाव जीतलें बाड़ें। ऊ अमेरिका के पूर्वी तट पs बसल राज्यन से अमेरिकी संसद में पहुंचे वाला पहिला भारतवंशी हवे। वर्जीनिया के 10वां संसदीय जिला के प्रतिनिधित्व करे वाला सुब्रमण्यम प्रतिनिधि सभा के सदस्य बने वाला सबसे नया भारतीय अमेरिकी हवे। ऊ अपना परिवार आ हाउस स्पीकर माइक जॉनसन के संगे आपन एगो तस्वीर पोस्ट करत कहलें, ‘काम के पहिला दिन! शपथ लेके सम्मानित महसूस कs रहल बानी आ वर्जीनिया खातिर काम करे आ ओकर नतीजा देवे खातिर तइयार बानी।’
श्री थानेदार कहलें ई बात
श्री थानेदार मिशिगन के 13वां संसदीय जिला से लगातार दूसरका बेर चुनल गइल। ऊ पहिला बेर 2023 में जीतल रहस। सदन में मवजूदगी के आपन एगो तस्वीर साझा करत थानेदार कहलें, ‘सेवा खातिर तइयार। सब छवो भारतीय-अमेरिकी सांसद डेमोक्रेटिक पार्टी के हs लो। सदन के स्पीकर पद खातिर भइल चुनाव में सदन के अल्पसंख्यक नेता हकीम जेफ्रीज के वोट देलें। बाकिर रिपब्लिकन माइक जॉनसन के सदन के स्पीकर चुनल गइल।’
एहु लोगन के धाक
सांसद रो खन्ना कैलिफोर्निया के 17वां संसदीय जिला के प्रतिनिधित्व करेलें, जबकि राजा कृष्णमूर्ति इलिनोइस के आठवां संसदीय जिला के प्रतिनिधित्व करलें। वाशिंगटन राज्य के सातवां संसदीय क्षेत्र के प्रतिनिधित्व करे वाली प्रमिला जयपाल प्रतिनिधि सभा खातिर चुनल जाये वाली पहिला भारतीय-अमेरिकी महिला हई।
खन्ना, कृष्णमूर्ति आ जयपाल लगातार पांचवां बेर शपथ लेले बाड़ें। ऊ अपना तरीका से शक्तिशाली सांसदन के रूप में उभरल बाड़ें। कृष्णमूर्ति चीन कमिटी के रैंकिंग सदस्य हवे आ हाउस इंटेलिजेंस कमिटी के सदस्यो हवे। जयपाल प्रोग्रेसिव समूह के शक्तिशाली नेता हवे। खन्ना कइयन महत्वपूर्ण हाउस कमिटी के सदस्य हवे आ भविष्य में राष्ट्रपति बने के संभावना वाला नेता मानल जालें।
ई छवो भारतीय अमेरिकी एगो अनौपचारिक समोसा कॉकस के हिस्सा हs लो, जेकर नाम कृष्णमूर्ति रखले बाड़ें। 2012 में पहिला बेर शपथ लेला पs डॉ. बेरा इच्छा जतवलें रहस कि हाउस में 10 भारतीय अमेरिकी सांसद रहे लो। कुछ भारतीय अमेरिकी चुनावी दउड़ में हिस्सा लिहल लो, बाकिर ऊ प्राइमरी भा पांच नवंबर के आम चुनाव में हार गइल लो। एमे से कम से कम तीन महिला सुषिला जयपाल, भवानी पटेल आ क्रिस्टल कौल रहे लो।
Read Also: