[the_ad_group id="30365"]

चीन में फेर कोरोना जइसन HMPV महामारी के एंट्री? अस्पताल में लागल मरीजन के तांता

चीन में फेर कोरोना जइसन HMPV महामारी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ई देश शायदे कबो भुलाई कि चीन में कोरोना वायरस के चलते भइल तबाही से अबे ले केहु उबरल ना रहे तब ले उहाँ एगो अउरी खतरनाक वायरस खटखटा दिहले बा आजकल चीन के वायरस सोशल मीडिया पs वायरल बा, हर जगह मरीजन के तांता बा। दावा कइल जा रहल बा कि चीन में लोग ह्यूमन मेटाप्नेयूमोवायरस (HMPV) आ अउरी कई गो खतरनाक वायरस से संक्रमित हो रहल बा। जवना वायरस से अधिकतर लोग बेमार पड़ रहल बा ओहमें इन्फ्लुएंजा ए आ माइकोप्लाज्मा जइसन वायरस शामिल बा. 

आखिर का हs ह्यूमन मेटाप्नेयूमोवायरस (HMVP) ?

HMVP एगो अइसन वायरस हवे जे आमतौर पs सर्दी नियर लच्छन पैदा करे ला। ई वायरस छोट बच्चा, बुजुर्ग आ कमजोर इम्यून सिस्टम वाला लोग के सबसे जादा प्रभावित कs रहल बा। आ एकरा चलते ई लोग गंभीर रूप से बेमार होत जात बा. एह वायरस के संपर्क में अइला के कारण मरीजन के खांसी, बोखार, नाक बंद आदि समस्या के सामना करे के पड़ रहल बा। एह वायरस के कारण मरीजन के निमोनिया आ ब्रोंकियोलाइटिस जइसन गंभीर बेमारी भी होला। 

कोविड के जईसन तेजी से फइलत बा इs वायरस

एह वायरस के बारे में कहल जा रहल बा कि एकर फइलले के गति Covid से मिलत जुलत बा। एकरा के Covid-19 निहन संक्रमित बतावल जाता। ई वायरस संक्रमित आदमी के खांसी भा छींक के माध्यम से फइल जाला। कहल जा रहल बा कि कोरोना संक्रमित सतह के छूवे से संक्रमण के खतरा बा। 

केकरा के सबसे जादा खतरा बा?
एह वायरस के बारे में कहल जा रहल बा कि एकरे कारण बच्चा, बुजुर्ग आ कमजोर इम्यून सिस्टम वाला लोग के HMVP संक्रमण से जटिलता पैदा होखे के खतरा ढेर होला ई वायरस संक्रमित ब्यक्ति के निकट संपर्क के माध्यम से या दूषित सतह सभ के छूले से फइल जाला, सर्दी निहन लक्षण पैदा करेला जवन कि आमतौर पs 2-5 दिन के भीतर अपने आप ठीक हो जाला।

डब्ल्यूएचओ एह बात के पुष्टि नइखे कइले
चीन में एह वायरस के फइलला पs सोशल मीडिया पs बहुत चर्चा हो रहल बा भलही डब्लूएचओ अबहीं ले एह बारे में कुछ नइखे बतवले. डब्ल्यूएचओ चीन में अइसन कवनो वायरस के अस्तित्व के पुष्टि नइखे कइले। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: नस चढ़ले पs करीं इs 2 गो योगासन, हाथ गोड़ के मिली राहत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]