विभिन्न स्तरन पs वीवीआईपी संस्कृति के खतम करे खातिर रेलवे मंत्री अश्विनी वैष्णव मंगर के विभागीय दफ्तरन में परिचारक लोगन के बोलावे खातिर इस्तेमाल कईल जाए वाली घंटी के हटावे के आदेश जारी कइले बाड़े । सूत्रन के मुताबिक, रेलवे मंत्री ई स्पष्ट निर्देश देले बाड़े कि ऑफिस अटेंडेंट के बोलावे खातिर घंटी के इस्तेमाल अब एकदम बन होखे के चाहीं , बलुक उनका के व्यक्तिगत रूप से बोलाव के चाहीं। निर्देशन के पूरा तरह से लागू करे के उद्देश्य से वैष्णव अपना कार्यालय में लागल घंटी के हटा देले बाड़े।
मंत्री के कार्यालय के ओर कहल गइल कि, प्रत्येक कर्मचारी के समान सम्मान देबे आ वीवीआईपी संस्कृति के मानसिकता के बदले खातिर ई कदम उठावल गइल बा। रेलवे के संचालन में प्रत्येक कर्मचारी के शत-प्रतिशत क्षमता के इस्तेमाल खातिर वीवीआईपी संस्कृति के शून्य प्रतिशत पs लेके जाए के होई।
रेलमंत्री भारत गौरव पर्यटक ट्रेन शुरू करे के घोषणा कइले
बैसाखी परब के मवका पs भारतीय रेलवे मंगलवार के सिख धर्म के कई गो पवित्र जगहन खातिर भारत गौरव पर्यटक ट्रेन शुरू करे के घोषणा कइलस। 10 दिवसीय जतरा के दउरान एह स्पेशल ट्रेन से 678 ग श्रद्धालु सफर कई सकिहें। भारत गौरव अस पर्यटक ट्रेनन के माध्यम से रेलवे मंत्रालय भारतीय सांस्कृति आ धार्मिक विरासत के बढ़ावा दे रहल बा। रेलवे मंत्रालय के मुताबिक, ई धार्मिक यात्रा 5 अप्रैल के लखनऊ से शुरू होई आ 15 अप्रैल के समापन होई। यात्री सिख धर्म के कई गो पवित्र जगहन के दउरा कई सकिहें।
एह पवित्र जगहन के कई सकेनी जतरा
एह दउरान तीर्थ यात्री आनंदपुर साहिब में श्री केसगढ़ साहिब गुरुद्वारा आ विरासत-ए-खालसा, कीरतपुर साहिब में गुरुद्वारा श्री पातालपुरी साहिब, सरहिंद में गुरुद्वारा श्री फतेहगढ़ साहिब, अमृतसर में श्री अकाल तख्त साहिब आ श्री हरमंदिर साहिब, अमृतसर में श्री दमदमा साहिब के यात्रा कई सकिहें। रेल मंत्रालय कहलस कि बठिंडा, नांदेड़ में तख्त सचखंड श्री हजूर साहिब, बीदर में गुरुद्वारा श्री गुरु नानक झीरा साहिब आ पटना में तख्त श्री हरमंदिर जी पटना साहिबो के जतरा कई सकिहें।