Indian Railways: ढाई महीना के बाद खत्म भइल इंतजार, रेलवे बोर्ड कइलस 23 नया मंडल रेल प्रबंधकन के नियुक्ति

Anurag Ranjan


Indian Railways: रेलवे बोर्ड करीब ढाई महीना के इंतजार के बाद 23 मंडल रेल प्रबंधकन के नियुक्ति कइलस। ई नियुक्ति बियफे से प्रभावी भइल। मंडल रेल प्रबंधकन (डीआरएम) के काम कवनो एगो रेल मंडल के जिम्मेदारी देखल होला। डीआरएम के कार्यकाल आमतौर पs दु साल के होला, जवना के बाद क्षेत्रीय मुख्यालय में कवनो समकक्ष भा पदोन्नति वाला पद पs ट्रांसफर कs दिहल जाला।

बोर्ड संबंधित जोनन के महाप्रबंधकन के 23 अलग-अलग आदेस जारी कइले बा आ ऊ मवजूदा मंडल रेल प्रबंधकन के स्थान पs नया मंडल रेल प्रबंधकन के नियुक्ति के बारे में जानकारी देले बा। रेलवे बोर्ड जवन 23 मंडल रेल प्रबंधकन के नियुक्ति अलग-अलग रेलवे जोन में कइले बा, ओमे सामिल बा:-

  • पश्चिम-मध्य रेलवे में कोटा आ जबलपुर
  • उत्तर-पश्चिम रेलवे में अजमेर
  • पश्चिम रेलवे में रतलाम आ मुंबई (बीसीटी)
  • दक्षिण पश्चिम रेलवे में हुबली
  • मध्य रेलवे में सीएसटीएम, सोलापुर, नागपुर आ पुणे
  • उत्तर रेलवे में अंबाला
  • दक्षिण पूर्व मध्य रेलवे में रायपुर, बिलासपुर आनागपुर
  • उत्तर पूर्व फ्रंटियर रेलवे में लुमडिंग
  • पूर्व रेलवे में मालदा
  • दक्षिण पूर्व रेलवे में चक्रधरपुर
  • उत्तर पूर्वी रेलवे में लखनऊ आ इज्जतनगर
  • दक्षिण मध्य रेलवे में गुंटकल आ गुंटूर
  • दक्षिण पश्चिम रेलवे में बंगलूरू

कुछ अधिकारी पिछला दु महीना से जादे समय से मंडल रेल प्रमुखन के नियुक्ति में देरी पs चिंता जतावत रहे लो। दु साल के कार्यकाल खत्म होखला पs ई नया नियुक्ति समय पs होखे के चाहत रहे। बाकिर अबकी बेर एह प्रक्रिया में देरी भइल। कुछ मंडल रेल प्रबंधक पीटीआई से बात करत कहल लो कि ई देरी ओह लोगन के कामकाजी माहौल आ परियोजनन के प्रभावित कs सकत रहे। खासतौर पs नया परियोजनन के सुरू करे में दिक्कत हो सकत रहे।

रेलवे बोर्ड एह आरोपन के खारिज करत कहलस कि मंडल रेल प्रबंधकन के नियुक्ति में देरी के कामकाजी दक्षता से कवनो संबंध नइखे। बोर्ड के अधिकारी इहो कहल लो कि नया नियुक्तियन के आदेस कुछ दिनन में जारी कs दिहल जाई। बोर्ड स्पष्ट कइलस कि ई नियुक्ति एगो सामान्य प्रशासनिक प्रक्रिया के हिस्सा रही सs।

Read Also: प्रगतिशील सोच से सिनेमा के जन-जन तक पहुंचावे वाला विलक्षण फिल्मकार रहस राजकपूर: डॉ. विमल

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment