महराजगंज सिविल कोर्ट बार एसोसिएशन के चुनाव के नतीजा आइल सामने, जानीं के कवना पद पs भइल विजयी

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 20, 2024

महराजगंज: सिविल कोर्ट बार एसोसिएशन महराजगंज के 2025के कार्यकारिणी के चुनाव के मतगणना एल्डर्स कमेटी के ओर से सुचितापूर्ण माहौल में करावल गइल बा। मिलल जानकारी के अनुसार मतगणना में अध्यक्ष पद खातिर करुणाकर पति

Share

महराजगंज: सिविल कोर्ट बार एसोसिएशन महराजगंज के 2025के कार्यकारिणी के चुनाव के मतगणना एल्डर्स कमेटी के ओर से सुचितापूर्ण माहौल में करावल गइल बा। मिलल जानकारी के अनुसार मतगणना में अध्यक्ष पद खातिर करुणाकर पति त्रिपाठी अपना निकटतम प्रत्याशी वकील प्रजापति से आ महामंत्री पद खातिर अनूप सिंह अपना निकटतम प्रत्याशी वशिष्ठ मिश्रा से मतन के गिनती में आगे रहके विजयी भइल बाड़ें।

कार्यकारिणी के वरिष्ठ उपाध्यक्ष पद खातिर रविशंकर त्रिपाठी, कनिष्ठ उपाध्यक्ष खातिर गिरिजेश मिश्रा, कोषाध्यक्ष पद खातिर अजय कुमार वर्मा, संयुक्त मंत्री प्रकाशन पद खातिर अजय चौधरी, संयुक्त मंत्री प्रशासन खातिर आफताब अंसारी, संयुक्त मंत्री पुस्तकालय खातिर उमेश तिवारी विजयी रहल लो। कार्यकारिणी के चुनाव में वरिष्ठ आ कनिष्ठ कार्यकारिणी के सदस्यगण निर्विरोध विजयी भइल लो।

वरिष्ठ कार्यकारिणी के निर्विरोध विजयी सदस्यगण में कैलाश प्रसाद अग्निहोत्री, रामकिशुन, शशि भूषण गुप्त, अवनीश पटेल, अमर सिंह यादव आ अनिरुद्ध सिंह सामिल बा लो आ कनिष्ठ कार्यकारी में प्रदीप पासवान, शैलेश कुमार यादव, मोनू कुमार यादव, दुर्गेश तिवारी, अष्टभुजा आ दिलीप पांडेय बा लो।

सिविल कोर्ट बार एसोसिएशन महराजगंज के कार्यकारिणी के चुनाव में अध्यक्ष, वरिष्ठ उपाध्यक्ष, कनिष्ठ उपाध्यक्ष, महामंत्री, संयुक्त मंत्री प्रकाशन, संयुक्त मंत्री प्रशासन, संयुक्त मंत्री पुस्तकालय, कोषाध्यक्ष पद खातिर मतगणना भइल। जीतल प्रत्याशियन के बधाई देवे वालन के ताता लागल बा।

Read Also: Oscar 2025: गुनीत मोंगा के ‘अनुजा’ भइल ‘ऑस्कर 2025’ खातिर शॉर्टलिस्ट, जानीं फिल्म से जुड़ल महत्वपूर्ण बात

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.