[the_ad_group id="30365"]

नेपाल में लापता भारतीय पर्वतारोही अनुराग मालू सुरक्षित मिलल, लापता भईल रहले माउंट अन्नपूर्णा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

भारतीय पर्वतारोही अनुराग मालू (34) सोमार के दिने कैम्प-3 से उतरत घरी करीब छह हजार मीटर के ऊंचाई से गिरला के बाद लापता हो गइलन।

दुनिया के दसवाँ सबसे ऊँच पहाड़ी चोटी अन्नपूर्णा से गहिरा हिम दरार में गिरला के बाद लापता भारतीय पर्वतारोही अनुराग मालू मिल गइल बा। उनुका के सुरक्षित आ निरोगी पावल गईल बा। संगही लापता भईल बलजीत कौर भी सुरक्षित मिलल बाने। राजस्थान के किशनगढ़ निवासी मालू (34 साल) सोमवार के कैम्प-3 से उतरत घरी करीब 6 हजार मीटर के ऊंचाई से गिर के लापता हो गईले। सेवन समिट ट्रेक्स के अभियान निदेशक चांग दावा शेर्पा हिमालयन टाइम्स के बतवले कि पांच शेरपा पर्वतारोहियों के टीम मालू के खोज में लागल बिया आ मंगलवार के उनुका के खोजे खातीर हवाई खोज भी शुरू कईल गईल।

गुरुवार के उनुकर भाई बतवले कि बचावकर्मी भारतीय पर्वतारोही अनुराग मालू के गंभीर हालत में जिंदा पा चुकल बाड़े। उनुकर भाई सुधीर कहले कि, उनुका के जिंदा मिलल बा, उनुका के गंभीर हालत में अस्पताल पहुंचावल गईल बा, लेकिन उ अभी तक जिंदा बाड़े। उ कहले कि, हमनी के अब उनुका इलाज के ओर ध्यान देवे के होई।

मालू सात गो महाद्वीपन पे 8,000 मीटर से ऊपर के सगरी 14 गो पहाड़ी चोटियन के स्केल करे के मिशन पे बाड़न जेहसे कि जागरूकता फइलावल जा सके आ संयुक्त राष्ट्र के वैश्विक लक्ष्य हासिल कइल जा सके। मालू के रेक्स करम-वीर चक्र से सम्मानित कइल गइल बा। मालू के भाई आशीष चेंज डॉट ओआरजी’ पे विदेश मंत्री एस जयशंकर आ नेपाल में भारत के राजदूत नवीन श्रीवास्तव के संबोधित एगो पोस्ट में कहले कि, पछिला सप्ताह उ (मालू) अन्नपूर्णा पर्वत के चोटी पे चढ़े खातीर निकलल रहले। हमनी के मालूम रहे कि उ पहाड़ के चोटी जीत के वापस आ जईहे, लेकिन एगो दुर्भाग्यपूर्ण दुर्घटना में 17 अप्रैल के कैंप-3 से उतरत घरी उ 6000 मीटर के ऊंचाई से नीचे गिर गईले आ तब से लापता बाड़े। आशीष कहले कि, ए निहोरा पत्र पे हस्ताक्षर क के साझा क के हमनी के ओ लोग के खोजे में मदद करीं।

महत्व के बात बा कि मंगल के दिने दू गो अउरी भारतीय पर्वतारोही बलजीत कौर आ अर्जुन वाजपेयी के भी अन्नपूर्णा पर्वत चोटी से बचावल गइल।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]