[the_ad_group id="30365"]

खालिस्तानियन द्वारा भारतीय दूतावास में आग लगावल गइल: बोललें सs- आतंकी हरदीप निज्जर के हत्या के बदला लिहल गइल; पांच महीना में ई दूसरा हमला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खालिस्तानी समर्थकन द्वारा अमेरिका के सैन फ्रांसिस्को इस्थित भारतीय दूतावास में आग लगावे के कोसिस कइलस। सिख फॉर जस्टिस (SFJ) के प्रमुख आतंकी गुरपतवंत सिंह पन्नू 30 जून के कहले रहे कि 8 जुलाई से भारतीय दूतावासन के घेरल जाई। एकरा ऐलान के अगिलके दिन माने 1 जुलाई के रात के एह घटना के अंजाम दिहल गइल।

ई घटना सनीचर के हs, बाकिर अमेरिकी सरकार के प्रवक्ता मैथ्यू मिलर मंगर के एकर जानकारी देलें। फिलहाल, ममिला के जांच फेडरल ब्यूरो ऑफ इन्वेस्टिगेशन (FBI) ने सुरू कs देले बा। एह घटना में दूतावास के जादे नुकसान ना पहुंचल।

पांच महीना में ई दूसरका घटना हs। एकरा पहिले अमृतपाल के रिहा करे के मांग के लेके खालिस्तान समर्थक मार्च में एह दूतावास के घेरले रहलें सs।

खालिस्तानी समर्थक वीडियो जारी कइले सs 

खालिस्तानी समर्थक एह घटना के एगो वीडियो जारी कइले  सs। अमेरिका में सैन फ्रांसिस्को के भारतीय दूतावास के एमे निशाना बनावल गइल। वीडियो में एकरा के बीतल महीना कनाडा में मारल गइल आतंकी हरदीप सिंह निज्जर के हत्या के बदला बतावल गइल बा। वीडियो में खालिस्तान समर्थकन द्वारा कहल गइल कि हिंसे से हिंसा उत्पन्न होला।

आतंकी निज्जर के बीतल महीना कनाडा के सरी में गुरु नानक गुरुद्वारा के बाहर पार्किंग में दु अज्ञात बाइक सवार गोली मार देले रहले सs।

8 जुलाई से भारतीय दूतावास घेरे के धमकी

बीतल दिनन आतंकी पन्नू एगो वीडियो रिलीज कs के कहले रहे कि 8 जुलाई के कनाडा, अमेरिका, ऑस्ट्रेलिया, इंग्लैंड आ यूरोपियन देसन में भारतीय दूतावासन के बाहर प्रदर्शन कइल जाई। एतने ना, पन्नू एह रैलियन के ‘किल भारत’ नाम देले बा। जेमे 21-21 सिखन के जत्था भारतीय दूतावासन के बाहर प्रदर्शन करी आ तिरंगा के अपमान करे के बात कहल गइल बा।

भारतीय जांच एजेंसी सतर्क

पन्नू के धमकी आ एह घटना के बाद भारतीय जांच एजेंसी अलर्ट हो गइल बाड़ी सs। ओहिजा, निज्जर के हत्या के बाद से आतंकी पन्नू अंडरग्राउंड चल रहल बा। जांच एजेंसी ओकर लोकेशन के दूंढे में लागल बिया।

मार्च में हो चुकल बा हमला

अमेरिका के सैन फ्रांसिस्को में भारतीय दूतावास पs मार्च में हमला भइल रहे। पंजाब में खालिस्तान समर्थक वारिस पंजाब दे के प्रमुख अमृतपाल सिंह के खिलाफ पुलिस के कार्रवाई पs खालिस्तानी 19 मार्च के भारतीय दूतावास के सामने इकट्ठा भइल रहे लो। ऊ लोग पहिले तोड़फोड़ कइल आ बाद में इहां लागल तिरंगा उतार देले रहे लो। इहे ना, दूतावास के बिल्डिंग के बाहर खालिस्तानी झंडो फहरावल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]