ऋषभ पंत के संगे भइल करोड़न रुपिया के ठगी, हरियाणा के पूर्व क्रिकेटर लगवलस चूना

Share

भारतीय टीम के विकेट कीपर बल्लेबाज ऋषभ पंत के लग्जरी घड़ियन के सस्ता दामन में दियावे के लालच देके हरियाणा के पूर्व क्रिकेटर मृणांक सिंह 1.63 करोड़ के चूना लगवले बा।

मृणांक सिंह नाव के ई ठग एगो बिजनेसमैन के 6 लाख रुपिया के चूना लगावे के जुर्म में पहिलही से मुंबई के आर्थर रोड जेल में कैद बा। ऋषभ पंत आ उनकर मैनेजर पुनीत सोलंकी हरियाणा के एह पूर्व क्रिकेटर पs धोखाधड़ी के मामला दर्ज करवले बा लो। मैनेजर के मोताबिक मृणांक बाउंस चेक के सहारे उनका से ठगी कइलस।

रिपोर्ट के मोताबिक मृणांक ऋषभ पंत के करोड़न रुपिया के सस्ता में दियावे के लालच देले रहे, एह दौरान ऊ टीम इंडिया के आउर खिलाड़ियन के हवाला देत पंत के भरोसा जीत लेले रहे।

मिड-डे के एगो रिपोर्ट के मोताबिक, शिकायत में कहल गइल बा “जनवरी 2021 में, मृणांक पंत आ मैनेजर सोलंकी के बतवलस कि ऊ लग्जरी घड़ी, बैग, आभूषण आदि किने आ बेचे के बेवसाय शुरू कइले बा। ऊ कइयन क्रिकेटरन के संदर्भ देलस जेकरा बारे में ऊ दावा कइले रहे कि ओहु लो के सामान बेचल गइल बा।

ऊ पंत आ मैनेजर से झूठ वादा कइलस कि ऊ उनका ला बढ़िया  छूट आ बहुत सस्ता दाम पs लग्जरी घड़ी आ आउर सामान किन  सकता बा। आरोपी के कहानी पs विश्वास करत, पंत फरवरी 2021 के महीना में आरोपी के रिसेल ला एगो लक्जरी घड़ी आ कुछ आभूषण आइटम सउपले, जवन ओकरा द्वारा 65,70,731/- रुपये (पैंसठ लाख सत्तर हजार सात सौ तीस) में किनल गइल रहे।”

बतावल जा रहल बा कि ऋषभ पंत फ्रैंक मुलर वैनगार्ड याचिंग सीरीज के घड़ी के संगे रिचर्ड मिल के एगो घड़ी किने के चाहत रहस जवना ला ऊ क्रमश: 36,25,120 आ 62,60,000 रुपिया के भुगतान कइले।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-