Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साउथ अफ्रीका से खेली यंग टीम इंडिया:टी-20 सीरीज में स्पीड स्टार उमरान के मिलल मवका, हार्दिक-कार्तिक के वापसी; राहुल कप्तान

477

साउथ अफ्रीका के मेजबानी आ इंग्लैंड के खिलाफ एकमात्र टेस्ट खातिर भारतीय क्रिकेट टीम घोषित कs दिहल गइल बा। IPL में अपना स्पी़ड से सभे के प्रभावित करे आला उमरान मलिक आ अर्शदीप के इंडिया ला खेले के मवका दिहल गइल बा। एकरा अलावे दिनेश कार्तिक आ हार्दिक पंड्या टीम में लमहर समे के बाद वापसी कs रहल बा लो। एह सब खिलाड़ियन के IPL में कइल शानदार प्रदर्शन के इनाम मिलल बा।

दिनेश कार्तिक आपनआखिरी टी-20 इंटरनेशनल मैच 27 फरवरी 2019 के ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ खेलले रहस। एह सीजन 14 मैचन में ई खिलाड़ी 57.40 के औसत आ 191.33 के स्ट्राइक रेट से 287 रन बनवले बाड़े। यंग टीम इंडिया के कप्तानी केएल राहुल के सउपल गइल बा।

दुनों टीमें पांच टी-20 मुकाबलन के सीरीज खेली। टी-20 वर्ल्ड कप से पहिले भारतीय सिलेक्टर्स IPL स्टार्स के मवका देले बा लो।

रोहित, विराट आ बुमराह के आराम, इंग्लैंड में टेस्ट खेले जाई लो

टी-20 टीम के अलावे भारतीय क्रिकेट बोर्ड इंग्लैंड सीरीज के दौरान कोरोना के चलते टालल गइल एकमात्र टेस्ट ला टीम के ऐलान कइले बा। एह सीरीज में भारतीय टीम 2-1 से आगे बिया। एह टेस्ट खातिर रोहित शर्मा, विराट कोहली, ऋषभ पंत आ जसप्रीत बुमराह टीम में शामिल बा लो। एह लो के टी-20 सीरीज ला आराम दिहल गइल बा।

 

पुजारा के मवका

लमहर समे से खराब फॉर्म में चल रहल चेतेश्वर पुजारा के टेस्ट टीम में वापसी भइल बा। पुजारा अभी इंग्लैंड में काउंटी क्रिकेट खेल रहल बाड़े आ शानदार फॉर्म में बाड़े। टीम इंडिया आखिरी टेस्ट सीरीज श्रीलंका के खिलाफ खेलले रहे आ एह सीरीज में पुजारा के जगह ना मिलल रहे।

ओहिज, एह सीरीज ला रहाणे के नाव पs चर्चा होखे के रहे, बाकिर ऊ चोट के चलते पहिलही IPL से बाहर हो गइल बाड़े।

 

इंग्लैंड टेस्ट खातिर टीम इंडिया:

रोहित शर्मा (कप्तान), केएल राहुल, शुभमन गिल, विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, हनुमा विहारी, चेतेश्वर पुजारा, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), केएस भरत (विकेटकीपर), रवींद्र जडेजा, आर अश्विन, शार्दूल ठाकुर , मोहम्मद शमी, जसप्रीत बुमराह, मोहम्मद सिराज, उमेश यादव, प्रसिद्ध कृष्णा।

 

टी-20 सीरीज खातिर टीम इंडिया:

केएल राहुल (कप्तान), ऋतुराज गायकवाड़, ईशान किशन, दीपक हुड्डा, श्रेयस अय्यर, ऋषभ पंत, दिनेश कार्तिक, हार्दिक पंड्या, वेंकटेश अय्यर, युजवेंद्र चहल, कुलदीप यादव, अक्षर पटेल, रवि बिश्नोई, भुवनेश्वर कुमार, हर्षल पटेल, आवेश खान, अर्शदीप सिंह, उमरान मलिक।

साभार: दैनिक भास्कर

 

255180cookie-checkसाउथ अफ्रीका से खेली यंग टीम इंडिया:टी-20 सीरीज में स्पीड स्टार उमरान के मिलल मवका, हार्दिक-कार्तिक के वापसी; राहुल कप्तान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.