तीन मैचन के वनडे सीरीज खातिर जिम्बाब्वे पहुंचल टीम इंडिया, जानी का बा पूरा शेड्यूल

Share

भारतीय क्रिकेट टीम जिम्बाब्वे पहुंच चुकल बिया, जहां दुनों देशन के बीचे अगिला सप्ताह से तीन मैचन के वनडे इंटरनेशनल सीरीज खेलल जाई। एह सीरीज खातिर भारतीय खिलाड़ी जिम्बाब्वे पहुंच गइल बा लो। केएल राहुल के कप्तानी में टीम इंडिया के एह वनडे सीरीज में उतरे के बा। एकरा बाद टीम एशिया कप 2022 खेले उतरी बाकिर जिम्बाब्वे दौरा पs कुछे अइसन खिलाड़ी बा लो, जे एशिया कप के टीम के हिस्सा बा लो। अइसन में एह सीरीज के पूरा शेड्यूल के बारे में जान लीं।

एशिया कप 2022 से पहिले भारतीय क्रिकेट टीम के ई आखिरी सीरीज हs, ओइसे, खाली केएल राहुल आ दीपक हुड्डा एशिया कप के फाइनल फिफ्टीन के हिस्सा बा लो, बाकिर सभकर निगाह केएल राहुल के फिटनेस आ परफॉर्मेंस पs होंई, काहेकि उनका के एह दौरा पs कप्तान आ एशिया कप खातिर उपकप्तान नियुक्त कइल गइल बा। जिम्बाब्वे के खिलाफ वनडे सीरीज समाप्त कइला के बाद केएल राहुल आ दीपक हुड्डा सीधे एशिया कप खातिर रवाना हो जाई लो।

भारत के जिम्बाब्वे दौरा के बात करीं तs ई महज 5 दिन में समाप्त हो जाई। 18 अगस्त के पहिला वनडे मैच खेलल जाई, जबकि दूसरका मैच 20 अगस्त के आयोजित होई। ओहिजा, सीरीज के तीसरा आ अंतिम मुकाबला 22 अगस्त के खेलल जाई। भारत बनाम जिम्बाब्वे वनडे सीरीज के सब मुकाबला हरारे के हरारे स्पोर्ट्स क्लब में खेलल जाई। जिम्बाब्वे में मैच सुबह सवा 9 बजे से सुरू होई, बाकिर भारत में ओह समे दुपहरिया के 12:45 बजे होई।

भारत बनाम जिम्बाब्वे वनडे सीरीज के शेड्यूल

पहिला मैच – बियफे 18 अगस्त के हरारे में
दूसरा मैच – सनीचर 20 अगस्त के हरारे में
तीसरा मैच – सोमार 22 अगस्त के हरारे में

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-