[the_ad_group id="30365"]

इंडिया बनाम जिम्बाब्वे : जिम्बाब्वे के छठवी बेर क्लीन स्वीप कइल चाही भारत, जानीं संभावित प्लेइंग 11

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय क्रिकेट टीम सोमार के जिंबाब्वे के खिलाफ तीसरा अउर अंतिम वनडे जीत के सीरीज 3-0 से क्लीन स्वीप कइले के इरादा से उतरी। भारत अगर जीतsता त जिंबाब्वे के खिलाफ ई छठवा अइसन सीरीज होई, जेमें टीम इंडिया क्लीन स्वीप करी। उहवें, टीम इंडिया सब देशन के खिलाफ मिलाकर कुल 22 वनडे सीरीज के क्लीन स्वीप कइल चाही। हरारे स्पोर्ट्स क्लब में भारत पिछले दो मैच में एकतरफा जीत दर्ज कइलें बा।

भारत सबसे जियादा जिंबाब्वे के कइलें बा सीरीज में सफाया

भारतीय टीम अब ले द्विपक्षीय वनडे सीरीज में 21 बेर क्लीन स्वीप कइले बा। एहमें सबसे ज्यादा पांच बेर जिंबाब्वे के सफाया कइलें बा। एकरे अलावा श्रीलंका अउर वेस्टइंडीज पर तीन-तीन बेर, इंग्लैंड, न्यूजीलैंड अउर बांग्लादेश के खिलाफ भारत दू-दू बेर बिना कौनो मैच गंववलें सीरीज जितले बा।

दूनों टीम के संभावित प्लेइंग 11

भारत

शिखर धवन, केएल राहुल (कप्तान), शुभमन गिल, ईशान किशन, दीपक हुड्डा, संजू सैमसन (विकेटकीपर), अक्षर पटेल, शार्दुल ठाकुर/दीपक चाहर, कुलदीप यादव, प्रसिद्ध कृष्णा, मोहम्मद सिराज/आवेश खान।

जिंबाब्वे

इनोसेंट काइया, तकुद्जवानाशे काइटानो, वेस्ली मधेवेरे, सीन विलियम्स, सिकंदर रजा, रेजिस चकबवा (कप्तान और विकेटकीपर), रेयान बर्ल, ल्यूक जोंगवे, ब्रैड इवांस, विक्टर न्याउची, तनाका चिवंगा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]