OpenAI खातिर काम करे वाला आ ओकरा बाद एह कंपनी के खिलाफ आवाज उठावे वाला विह्सलब्लोअर भारतीय-अमेरिकी एआई रिसर्चर सुचिर बालाजी के निधन हो गइल बा. सैन फ्रांसिस्को पुलिस के मुताबिक, सुचिर के शव 26 नवंबर के सैन फ्रांसिस्को के एगो अपार्टमेंट में मिलल रहे। पुलिस के कहनाम बा कि सुचिर आत्महत्या कs लेले बाड़े।
सैन फ्रांसिस्को पुलिस विभाग के प्रवक्ता रॉबर्ट रुएका फोर्ब्स से कहले कि, प्रारंभिक जांच में सुचिर के मउत में साजिश के के कवनो सबूत नईखे मिलल।
द मर्करी न्यूज के मुताबिक, बालाजी 26 नवंबर के बुकानन स्ट्रीट अपार्टमेंट के भीतर मृत मिलल रहले। सुचिर के लिंक्डइन प्रोफाइल के मुताबिक, उs नवंबर 2020 से अगस्त 2024 ले ओपनएआई खातीर काम कईले।
uhhhhhh. guys pic.twitter.com/pg4XTGsySP
— Daniel (@growing_daniel) December 13, 2024
अरबपति एलन मस्क का OpenAI के सीईओ सैम ऑल्टमैन से लंबा समय से झगड़ा बा। मस्क एक्स पss सुचिर के मामला पs “हम्म” लिख के मामला के संदेहजनक बना देले बाड़े।
चार साल ले ओपनएआई खातिर बेहतरीन काम करे वाला आ चैट जीपीटी के विकास में बहुत बड़ भूमिका निभावे वाला बालाजी दुनिया के नजर में तब आईल जब उs ओपन एआई पs बहुत आरोप लगवले।
अक्टूबर में सुचिर बालाजी आरोप लगवले रहले कि ओपनएआई कॉपीराइट कानून के उल्लंघन करत बा ऊ द न्यूयॉर्क टाइम्स के दिहल साक्षात्कार में कहले रहले कि चैटजीपीटी जइसन तकनीक इंटरनेट के नुकसान चहुँपावत बिया. अक्टूबर में एक्स पs सोशल मीडिया पोस्ट में बालाजी एआई अवुरी जेनरेटिव के उचित इस्तेमाल के बारे में भी लिखले रहले।
I recently participated in a NYT story about fair use and generative AI, and why I'm skeptical "fair use" would be a plausible defense for a lot of generative AI products. I also wrote a blog post (https://t.co/xhiVyCk2Vk) about the nitty-gritty details of fair use and why I…
— Suchir Balaji (@suchirbalaji) October 23, 2024