स्पोर्ट्स डेस्क : टी20 विश्व कप 2026 के सुपर-8 चरण में भारत के मुकाबला बियफे के चेन्नई इस्थित एमए चिदंबरम स्टेडियम में जिम्बाब्वे से होखे वाला बा। ई मैच दुनो टीम खातिर बहुते अहम मानल जा रहल बा। सेमीफाइनल के रेस में बनल रहे खातिर भारत के ई मुकाबला हर हाल में बड़ अंतर से जीतल जरूरी बा, ताकि नेट रन रेट में सुधार हो सके। ओहिजा, जिम्बाब्वे के लगे खोवे खातिर कुछ खास नइखे, एकरा से ऊ पूरा दम लगा के खेले वाली बिया।
भारत के नजर वापसी पs
सूर्यकुमार यादव के कप्तानी में भारतीय टीम के सुपर-8 के पहिला मैच में दक्षिण अफ्रीका से 76 रन से करारी हार झेले के पड़ल रहे। जसप्रीत बुमराह के छोड़ दीं तs बाकी खिलाड़ी खास असर ना छोड़ पावल लोग। अब जिम्बाब्वे के खिलाफ भारत के हर हाल में जीत हासिल कs के टूर्नामेंट में आपन उम्मीद जिंदा रखे के होई।
बल्लेबाजी कोच सितांशु कोटक के प्रेस कॉन्फ्रेंस से इशारा मिल चुकल बा कि प्लेइंग इलेवन में बदलाव हो सकेला। तिलक वर्मा के जगह संजू सैमसन के मवका मिल सकेला, जबकि अक्षर पटेल के वाशिंगटन सुंदर के जगह खेलावे पs विचार हो रहल बा।
उलटफेर के इरादा से उतरी जिम्बाब्वे
सिकंदर रजा के अगुआई में जिम्बाब्वे टीम वेस्टइंडीज से हार के बाद दमदार वापसी चाही। टूर्नामेंट में टीम के प्रदर्शन के ब तारीफ भइल बा। ब्रायन बेनेट बढ़िया फॉर्म में बाड़ें, उहें तेज गेंदबाज ब्रैड इवांस, मुजरबानी आ नगारावा भारतीय बल्लेबाजन खातिर खतरा बन सकेला लोग।
चेन्नई के पिच आ मौसम
चेन्नई के पिच बल्लेबाजन खातिर मददगार रहल बा। औसत रन रेट 9 से ऊपर बा, मतलब हाई-स्कोरिंग मैच के पूरा आसार बा। सुरुआती ओवर में तेज गेंदबाजन के हलुका स्विंग मिल सकेला, बाद में स्पिनर असर डाली लोग। मौसम साफ रहला के संभावना बा, बरखा के कवनो खतरा नइखे।
मैच से जुड़ल जरूरी जानकारी
- तारीख: 26 फरवरी (बियफे)
- जगह: एमए चिदंबरम स्टेडियम, चेन्नई
- समय: सांझ 7 बजे (टॉस 6:30 बजे)
- लाइव प्रसारण: स्टार स्पोर्ट्स, डीडी स्पोर्ट्स, डीडी फ्री डिश
- लाइव स्ट्रीमिंग: जियोहॉटस्टार ऐप
Read Also: 26 फरवरी 2026 के राशिफल







