[the_ad_group id="30365"]

भारत बनाम पाक: 2027 के पाकिस्तान के संगे कौनो सीरीज नाइ खेली भारत, ऑस्ट्रेलिया-इंग्लैंड से हर साल होई मुकाबला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय क्रिकेट बोर्ड 2023 से 2027 ले के आपन प्रोगाम जारी क दिहले बा। आवे वाले पांच बरिस में भी भारतीय टीम पाकिस्तान के खिलाफ कौनो द्विपक्षीय सीरीज नाइ खेली। बीसीसीआई राज्यन के क्रिकेट बोर्ड के भविष्य के प्रोगाम बतवलें, ओमें पाकिस्तान के कॉलम खाली रखल गइल बा। हालांकि, आईसीसी टूर्नामेंट में दूनों टीम एक-दूसरे के खिलाफ खेली। अगिले साल ही पाकिस्तान विश्व कप खेले भारत आई। एकरे बाद 2025 में भारत के भी चैंपियंस ट्रॉफी खेले खातिर पाकिस्तान जाए के होई।

भारतीय टीम आईसीसी चाहे एसीसी टूर्नामेंट खेले के अलावा 38 टेस्ट खेली। एहमें 20 टेस्ट भारत में 18 विदेश में खेलल जाई। एह पांच साल में भारत 42 वनडे मैच भी खेली। एहमें से 21 मैच घर में अउर 21 मैच बाहर खेली। 2023-2027 के बीच भारत कुल 61 टी20 मैच खेली। 31 टी20 घर में अउर 30 बाहर खेलल जाई। भारत सरकार से अनुमति के बिना बीसीसीआई पाकिस्तान के साथ सीरीज पर कौनो फैसला नाइ ले सकsता।

द्विपक्षीय सीरीज में भारत के मैच के संख्या पिछले पांच साल के तुलना में कम भइल बा। 2018-2022 के बीच भारत द्विपक्षीय सीरीज में 163 मैच खेलले रहे। उहवें, आवे वाले पांच साल में भारत द्विपक्षीय सीरीज में 141 मैच ही खेली। 22 मैच कम होखले से खिलाड़ियन पर वर्कलोड के दबाव तनी कम होई। हालांकि, हर साल आईसीसी के कम से कम एगो टूर्नामेंट ह। एह वजह से भी द्विपक्षीय सीरीज के मैच कम रखल गइल बा। एकरे अलावा आईपीएल खातिर हर साल 75-80 दिन के समय रखल गइल बा। खिलाड़ियन के एह लीग में भी खेले के होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]