Virat Kohli News: कम नइखे हो रहल विराट कोहली के परेसानी, पहिला वनडे से हो सकत बाड़े बाहर

Anurag Ranjan

भारत आ इंग्लैंड के बीच एकदिवसीय सीरीज (IND बनाम ENG) मंगर से सुरू हो रहल बा। एह सीरीज के पहिला मैच लंदन के केनिंगटन ओवल में खेलल जाई। एकरा से पहिले टी-20 सीरीज भारतीय टीम 2-1 से जीतल रहे। ओने खबर आ रहल बा कि भारतीय टीम के प्रमुख बल्लेबाज विराट कोहली पहिलका एकदिवसीय से बाहर हो सकेले। फॉर्म से जूझत विराट टी-20 सीरीज के अंतिम दुनो मैच में प्लेइंग इलेवन के हिस्सा रहले।

चोटिल भइले विराट

खबर के मोताबिक विराट कोहली के ग्रोइन स्ट्रेन बा। टी-20 सीरीज के तीसरा मैच के दौरान विराट कोहली के इ चोट लागल रहे। संगही, उ मैच से पहिले टीम के अभ्यास सत्र में ना गईल रहले। बीसीसीआई के एगो सूत्र बतवले कि, ‘पिछला मैच के दौरान विराट के ग्रोइन में तनाव भईल रहे। एह बात के पुष्टि नइखे कइल जा सकत कि ई फील्डिंग के दौरान भइल बा कि बल्लेबाजी के दौरान। ऊ शायद काल्हु द ओवल में पहिला एकदिवसीय ना खेल पइहें काहे कि उनका कमर के आराम के जरूरत बा।

फॉर्म नइखे देत विराट के साथ

विराट कोहली नवम्बर 2019 में अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट में आपन आखिरी शतक बनवले रहले। ओकरा बाद ऊ कइयन गो बढ़िया पारी खेलले बाकिर शतक ना बना पवले। एह साल उनकर फॉर्म खराब हो गइल बा। ऊ 17 पारी में करीब 26 के औसत से रन बनवले बाड़े। इंग्लैंड के खिलाफ भइल टेस्ट मैच में नाकाम रहला के बाद दुसरका आ तिसरका टी-20 में उनकर बल्ला शांत रहल। जवना के चलते उनका के टीम से हटावे के मांग कईल जा रहल बा।

वेस्टइंडीज में एकदिवसीय सीरीज ना खेलिहे विराट

इंग्लैंड के बाद भारतीय टीम के वेस्टइंडीज दौरा पs जाए के पड़ी। ओहिजा एह दौरा के सुरुआत तीन मैच के एकदिवसीय सीरीज से होई। एह में विराट कोहली के आराम दिहल गइल बा। कोहली अगस्त 2019 से एह फॉर्मेट में एको शतक नइखन बनवले, सचिन तेंदुलकर के वनडे में 49 शतक के रिकार्ड तूरे में खाली 8 शतक बाचल बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।