T20 World Cup 2022: टी20 विश्व कप 2022 के खातिर टिकटन के बिक्री शुरू, कुछे मिनट में बिक गईल भारत पाकिस्तान मैच के टिकट

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 10, 2022

आस्ट्रेलिया में होखे वाला टी-20 विश्व कप खातिर अब कुछे महीना बाचल बा। एह टूर्नामेंट के ध्यान में राखत सब टीम आपन तइयारी सुरू कs दिहले बाड़ी सs। एकरा खातिर भारतीय टीम आपन तइयारी सुरू

Share

आस्ट्रेलिया में होखे वाला टी-20 विश्व कप खातिर अब कुछे महीना बाचल बा। एह टूर्नामेंट के ध्यान में राखत सब टीम आपन तइयारी सुरू कs दिहले बाड़ी सs। एकरा खातिर भारतीय टीम आपन तइयारी सुरू कs देले बिया। अबकियो बेर भारत के पहिला मैच पाकिस्तान के खिलाफ बा। 2021 के टी-20 विश्व कप में टीम इंडिया के पहिला मैच पाकिस्तान के संगे भईल रहे आ एह मैच के हरला के बाद टीम इंडिया के लय बिगड़ गईल रहे। एकरा बाद भारत खुद ग्रुप स्टेज से एह टूर्नामेंट से बाहर हो गईल रहे। अबकियो बेर भारत के पहिला मैच पाकिस्तान से बा आ एह मुकाबला के सब टिकट बिक चुकल बा।

टी20 विश्व कप 2022 के टिकटन के बिक्री सुरु होखला के कुछे मिनट बाद सारा टिकट बिक गईल। अब कुछ चुनिंदा टिकटन के बिक्री बाकी बा, जवन एह सप्ताह पूरा होई।

भारत-पाकिस्तान के मैच 23 अक्टूबर के होई

आस्ट्रेलिया में टी-20 विश्वकप 16 अक्टूबर से सुरू हो रहल बा, जबकि भारत के पहिला मैच 23 अक्टूबर के पाकिस्तान के खिलाफ बा। ई मैच दीपावली से एक दिन पहिले खेलल जाई। एकरा संगे-संगे एह टूर्नामेंट के अंतिम मैच 13 नवंबर के खेलल जाई। भारत आ पाकिस्तान के बीच भइल मैच के बाद भारत आ दक्षिण अफ्रीका के बीच होखे वाला मैच के टिकट के माँग सबसे बेसी बा।

एह टूर्नामेंट के टिकट बेचे के अधिकार ग्लोबल स्पोर्ट्स ट्रैवल कंपनी के लगे बा। कंपनी के ऐश चावला कहले कि, अभी तक हमनी के 40 प्रतिशत पैकेज भारत में बेच चुकल बानी। एकरा संगे-संगे उत्तरी अमेरिका में 27 प्रतिशत, ऑस्ट्रेलिया में 18 प्रतिशत अउरी ब्रिटेन आ बाकी दुनिया में 15 प्रतिशत बिका चुकल बा। मेलबर्न में होटल के कमरा बुक हो चुकल बा। भारत-पाकिस्तान के मैच खातिर मेलबर्न में करीब 45-50 हजार दर्शक जुटे के उमेद बा। सामान्य टिकट कुछे मिनट में बिका गईल, अभी कुछ वीआईपी टिकट बाचल बा।”

गेनवेल स्पोर्ट्स के एमडी मनोज सराफ कहले कि, भारत बनाम पाकिस्तान के मैच के टिकट के सबसे जादा मांग रहे आ दु महीना पहिले इ बिका गईल रहे। आईसीसी हाल में बाउंड्री क्लब नाम के एगो नाया प्रकार के टिकट लॉन्च कईले बा, जवना में इंडो-पाक मैच के मात्र 300 टिकट बा, इहो एह सप्ताह तक बिका जाई। भारत बनाम दक्षिण अफ्रीका के मैच के टिकट के मांग दू नंबर पर बा। हमनी के अधिकतर बिक्री ओह भारतीयन के बा जे ऑस्ट्रेलिया के यात्रा करी लो, बाकिर अफ्रीका, यूके आ ऑस्ट्रेलिया में रहे वाला भारतीयों लोग बड़ मात्रा में टिकट खरीदले बा।

आस्ट्रेलिया पहिले 18 अक्टूबर से 15 नवम्बर 2020 के बीच टी-20 विश्वकप के मेजबानी करे वाला रहे बाकिर कोरोना के चलते एह टूर्नामेंट के आयोजन ना हो सकल। एकरा बाद एकर आयोजन यूएई में भईल। अब दू साल बाद फेर आस्ट्रेलिया के एह टूर्नामेंट के होस्टिंग मिलल बा।

साभार: अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.