Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत बनाम बांग्लादेश वनडे: विराट कोहली 39 महीना बाद वनडे में लगवलें सैकड़ा, 72वां अंतरराष्ट्रीय शतक लगा के पोंटिंग के छोड़लें पीछे

भारत देहलस 410 रन के लक्ष्य

900

विराट कोहली बांग्लादेश के खिलाफ तीन वनडे मैच के सीरीज के तीसरा मुकाबिला में शानदार शतक लगवलें। ऊ शनिचर (10 दिसंबर) के चटगांव में 113 रन के पारी खेललें। विराट 91 गेंद के पारी में 11 चौका अउर दू छक्का लगवलें। कोहली के वनडे करियर के ई 44वां शतक ह। उहवें, अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में उनके 72 शतक पूरा हो गइल।

विराट सबसे जियादा अंतरराष्ट्रीय शतक लगवले के मामिला में ऑस्ट्रेलिया के पूर्व कप्तान रिकी पोंटिंग से आगे निकल गइल बानें। विराट के 482 अंतरराष्ट्रीय मैच में 72 शतक लगवले बानें। पोंटिंग 560 मैच में 71 शतक लगवले बानें। कोहली से आगे अब सिर्फ भारत के पूर्व दिग्गज सचिन तेंदुलकर बानें। ऊ 664 मैच में 100 शतक लगवलें।

वेस्टइंडीज के खिलाफ लगवले रहनें पिछला शतक

विराट 39 महीना बाद वनडे में शतक लगवले बानें। ऊ पिछला वनडे शतक 14 अगस्त 2019 के वेस्टइंडीज के खिलाफ लगवले रहनें। तब कोहली नाबाद 114 रन बनवले रहनें। ओकरे बाद ऊ 25 पारियन में एक्को सैकड़ा नाइ लगा पवलें।

बांग्लादेश के खिलाफ कोहली के चउथा शतक

विराट के बांग्लादेश के खिलाफ ई चउथा शतक ह। ऊ 2010 में मीरपुर में नाबाद 102 अउर 2011 में मीरपुर में ही नाबाद 100 रन बनवले रहनें। ऊ 2014 में फातुल्ला में 144 रन के पारी खेलले रहनें।

कोहली कइलें ईशान किशन के संगे 290 रन के साझेदारी

मैच में बांग्लादेश टॉस जीतकर पहिले गेंदबाजी के फैसला कइलें। शिखर धवन पांचवें ओवर में तीन रन बना के आउट हो गइलें। एकरे बाद विराट कोहली अउर ईशान किशन पारी के सम्हरनें। दूनों लोग दूसरे विकेट खातिर 290 रन के साझेदारी कइल। किशन 131 गेंद पs 210 रन बना के आउट भइलें। ऊ भारत खातिर वनडे में दोहरा शतक लगावे वाले चउथा अउर दुनिया के सातवाँ बल्लेबाज बनलें।

406800cookie-checkभारत बनाम बांग्लादेश वनडे: विराट कोहली 39 महीना बाद वनडे में लगवलें सैकड़ा, 72वां अंतरराष्ट्रीय शतक लगा के पोंटिंग के छोड़लें पीछे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.