Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ईशान के दोहरा शतक पs बिहार में जश्न, बाबूजी बोललें- ‘बेटा मेच्योर हो गइल बा’, CM नीतीश देलें बधाई

1,000

भारत तीन वनड मैचन के सीरीज के तीसरका मुकाबला में बांग्लादेश के 227 रन से हरा देलस। एह मैच के हीरो ईशान किशन रहलें, जे अपना ताबड़तोड़ बल्लेबाजी से मैच के एकतरफा बना देलें।

ई धाकड़ बल्लेबाज बांग्लादेश के खिलाफ चट्टोग्राम के मैदान में खाली 131 गेना में धुआंधार 210 रन कूटके सबसे तेज दोहररा शतक के विश्व रिकॉर्ड कायम कs दिहल। ओहिजा, भारत के जीत आ ईशान किशन के दमदार पारी के बाद उनका पटना इस्थित घर पs जश्न के माहौल बा।

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलें कि ईशान के प्रदर्शन राज्य सहित पूरा देस के मान बढ़वले बा। उनका एह प्रदर्शन से बिहार के खिलाड़ी निम्मन खेल के लेके प्रेरित होई लोग।  नीतीश कुमार एकरा खातिर एगो बधाई पत्र जारी कइलें बाड़ें। ओहिजा, ईशान के घर में जश्न के माहौल बा। उनकर मां सुचिता सिंह आ पिता प्रणव कुमार पांडेय बेटा के प्रदर्शन पs गदगद बावे लोग।

‘गर्व महसूस होता’, बाबूजी बोललें 

दैनिक भास्कर के रिपोर्ट के मोताबिक, पिता प्रणव कुमार कहलें कि जब कबो अपना बेटा के अच्छा खेलत देखेनी तs गर्व महसूस होला। अब ओकरा में खेल के लेके गंभीरता आ गइल बा। ऊ अब मेच्योर हो गइल बा। पूरा प्रदेश उनका के आशीर्वाद दे रहल बा। ओहिजा, मां सुचिता सिंह कहली कि हमार बेटा आज इतिहास रच देले बाड़ें। बहुत लोग मैसेज कs के बधाई संदेश दे रहल बा। ऊ एगो बेहतरीन पारी खेलले बाड़ेंं।

ईशान किशन के नावे जुड़ल कइयन गो रिकॉर्ड

बायां हाथ के विकेटकीपर बल्लेबाज अपना 210 रन के पारी में 24 चौका आ 10 छक्का लगवलें। ऊ सबसे कम उमिर में वनडे डबल सेंचुरी के रिकोर्डो बना देलें। अभी तक भारत के ओर से सचिन तेंदुलकर, वीरेंद्र सहवाग आ रोहित शर्मा डबल सेंचुरी बनवले रहे लोग। उनका एह पारी के बदौलत भारत बांग्लादेश के सोझा 409 रन के जबरदस्त स्कोर खड़ा कइलस।

ईशान ई करिश्मा अपना वनडे करियर के 9वां पारी में कइलें बाड़ें। एकरा पहिले पाकिस्तान के क्रिकेटर फखर जमां ने अपना 16वां पारी में दोहरा शतक लगवले रहस। ओहिजा, सचिन तेंदुलकर 431 वां पारी में दोहरा शतक लगवले रहस। ईशान 24 साल के उमिर में 210 रन के पारी खेलले बाड़ें।

406930cookie-checkईशान के दोहरा शतक पs बिहार में जश्न, बाबूजी बोललें- ‘बेटा मेच्योर हो गइल बा’, CM नीतीश देलें बधाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.