IND vs ENG: चैंपियंस ट्रॉफी से पहिले भारत देखवलस दम, ऑलराउंड प्रदर्शन से इंग्लैंड पs दर्ज कइलस दूसरका सबसे बड़ जीत

Anurag Ranjan

स्पाेर्ट्स डेस्क : भारत ने इंग्लैंड के तीसरका वनडे में 142 रन से हराके 3-0 से सीरीज अपना नावे कs लेलस। अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में खेलल गइल एह मुकाबला में टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल भारतीय टीम शुभमन गिल के शतकीय आ विराट कोहली के अर्धशतकीय पारियन के बदौलत 50 ओवर में 10 विकेट पs 356 रन बनवलस। जवाब में इंग्लैंड के टीम 34.2 ओवर में 10 विकेट खोके खाली 214 रन बना सकल।

भारत की इंग्लैंड पर दूसरी सबसे बड़ी जीत

भारत के ई इंग्लैंड पs दूसरका सबसे बड़ जीत हs। एकरा पहिले टीम इंडिया 2008 में इंग्लैंड के राजकोट में 158 रन से हरवले रहे। था। रोहित शर्मा के टीम इंग्लैंड के सूपड़ा साफ कs के चैंपियंस ट्रॉफी से पहिले आपन दम देखा देले बा। 19 फरवरी से टूर्नामेंट के आगाज होई, जेमे भारतीय टीम अपना अभियान के सुरुआत 20 फरवरी से करी।

भारत के इंग्लैंड पs सबसे बड़ जीत

अंतर स्थानवर्ष
158 रनराजकोट2008
142 रनअहमदाबाद2025*
133 रनकार्डिफ2014
127 रनकोच्चि2013
126 रनहैदराबाद2011

ताश के पत्तने के तरे बिखरल इंग्लैंड के टीम

लक्ष्य के पीछा करे उतरल इंग्लैंड के सुरुआत अच्छा भइल। फिल सॉल्ट आ बेन डकेट के बीच पहिला विकेट खातिर 60 रन के साझेदारी भइल, जवना के अर्शदीप सिंह तुड़लें। ऊ डकेट के सातवां ओवर में आपन शिकार बनवलें। ऊ 22 गेना में 34 रन के पारी खेलके पवेलियन लवटेलें। एकरा बाद तेज गेंदबाज नउवां ओवर में सॉल्ट के आउट कइलें। ऊ 23 रन बनाके पवेलियन लवटलें। एकरा बाद मोर्चा टॉम बैंटन आ जो रूट संभारल लो। दुनो के बीच 46 रन के साझेदारी भइल। हालांकि, ई साझेदारी जादे बड़ ना हो सकल आ कुलदीप यादव बैंटन के आपन शिकार बनाके एकरा के तुड़ देलें। दहिना हाथ के बल्लेबाज एह मैच में 38 रन बनाके आउट भइल। एह मुकाबला में इंग्लैंड खातिर रूट 24, ब्रूक 19, बटलर छव, लिविंगस्टोन नव, आदिल रशीद जीरो, वुड नव, एटकिंसन 38 आ साकिब दु रन* बनवलें। भारत खातिर अर्शदीप सिंह, हर्षित राणा, अक्षर पटेल आ हार्दिक पांड्या दु-दु विकेट चटकवलें। एकरा अलावे वाशिंगटन सुंदर आ कुलदीप यादव एक-एक विकेट चटकावल लो।

शुभमन गिल शतक, विराट आ अय्यर अर्धशतक जड़ल लो

भारत अहमदाबाद में खेलल गइल एह मुकाबला में शुभमन गिल के शतक आ विराट कोहली आउर श्रेयस अय्यर के अर्धशतकन के मदद से वनडे में दूसरका सर्वाधिक स्कोर बनवलस। इंग्लैंड खातिर सबसे जादे चार विकेट स्पिनर आदिल राशिद लेलें। भारत के ओर से गिल 102 गेना पs 14 चौकन आ तीन छक्कन के मदद से 112 रन बनवलें, जबकि श्रेयस 78 रन आ कोहली 52 रनन के पारी खेललें। पांचवां नंबर पs उतरल केएल राहुल 40 रन बनाके आउट भइलें।

रोहित एक रन बनाके आउट भइलें

पिछलका मैच में शतक लगावे वाला कप्तान रोहित शर्मा एह मैच में सस्ता में आउट भइलें, बाकिर गिल आ कोहली पहिले भारत के संभारल लो, फेर शुभमन श्रेयस के संगे मिलके तीसरका विकेट खातिर शतकीय साझेदारी कइलें। शुभमन आ श्रेयस जब बल्लेबाजी करत रहे लो तs लागत रहे कि टीम 400 रन के स्कोर तक पहुंचे में सफल रहल, बाकिर एह दुनो बल्लेबाजन के आउट होने के बाद इंग्लैंड कुछ हद तक वापसी करे में सफल रहल।

अर्धशतक से चूकलें राहुल

पांचवां नंबर पs उतरल राहुल एह मैच में दम दिखवलें, बाकिर ऊ अर्धशतक लगावे से चूक गइलें। निचला क्रम के बल्लेबाज उपयोगी जाेगदान ना दे सकल लो, बाकिर भारतीय टीम 350 के आंकड़ा पार करे में सफल रहल। इंग्लैंड खातिर राशिद के अलावा मार्क वुड दु विकेट लेलें, जबकि साकिब महमूद, गस एटकिंसन आ जो रूट के एक-एक विकेट मिलल।

Read Also: Jio के संगे आई अमेरिकी कंपनी Confluent, AI में मिली मदद, डेटा स्ट्रीमिंगो पs काम सुरू

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment