IPL 2025 schedule: 22 मार्च से होई IPL के आगाज, जानीं कब- केसे आ कहां होई टक्कर?

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 17, 2025

IPL 2025 schedule : इंडियन प्रीमियर लीग यानी आईपीएल दुनिया के सबसे लोकप्रिय टी-20 लीग हs। भारत में ना बलुक पूरा दुनिया के क्रिकेट प्रशंसक बेसब्री से इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) के इंतजार करत बाड़े. 

Share

IPL 2025 schedule

IPL 2025 schedule : इंडियन प्रीमियर लीग यानी आईपीएल दुनिया के सबसे लोकप्रिय टी-20 लीग हs। भारत में ना बलुक पूरा दुनिया के क्रिकेट प्रशंसक बेसब्री से इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) के इंतजार करत बाड़े.  आईपीएल के आवे वाला सीजन अगिला महीना से शुरू हो जाई. एकरा से पहिले आईपीएल 2025 के लेके एगो बड़ खुलासा भईल बा। असल में आईपीएल 2025 के शेड्यूल के ऐलान हो चुकल बा। 

इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) के 18वां सीजन 22 मार्च से शुरू होखी जवना में डिफेंडिंग चैंपियन कोलकाता नाइट राइडर्स (KKR) आ रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (आरसीबी) के मैच होखी. एकरा बाद दूसरा दिन यानी 23 मार्च के दुगो मैच खेलल जाई। पहिला मैच 23 मार्च के एसआरएच आ आरआर के बीच होखी. एकरा बाद दुसरका मैच साँझ साढ़े सात बजे से चेन्नई आ मुंबई के बीच खेलल जाई. एह सीजन में लीग स्टेज में सीएसके आ चेन्नई के बीच दू बेर मुकाबला होखी.  एकरा संगे 7 अप्रैल के आरसीबी अवुरी मुंबई के बीच सिर्फ एगो लीग मैच होई। ई मैच मुंबई के वानखेड़े स्टेडियम में होखी. 

आईपीएल 2025 के फाइनल मैच 25 मई के खेलल जाई।  पहिला आ आखिरी दुनु मैच कोलकाता के ईडन गार्डन्स में होखी. एह बीर लीग के आयोजन 13 गो जगहा पs कइल जाई. आईपीएल 2025 में 65 दिन के भीतर कुल 74 मैच खेलल जाई। आईपीएल 2025 में लीग मैच 22 मार्च से 18 मई ले खेलल जाई. एकरा बाद 20, 21, 23 आ 25 मई के प्लेऑफ मैच के आयोजन कइल जाई. 

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.