[the_ad_group id="30365"]

भारत जनसंख्या : भारत के बढ़त आबादी पे जर्मन मीडिया के विवादित कार्टून देख के भारतीय लोग भइले नाराज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

भारत जनसंख्या : जर्मन पत्रिका डेर स्पीगेल भारत विरोधी कार्टून प्रकाशित कइले बा। एह विवादित कार्टून में प्राकृतिक व्यंग्य आ कटाक्ष नाहि, बलकी भारत के अपमानित करे के मंशा बा। एह कार्टून में भारत आ चीन के तुलना दू गो तस्वीर के माध्यम से कइल गइल बा। ए कार्टून पे प्रतिक्रिया देत कई भारतीय यूजर कहले कि ट्रेन के ऊपर से यात्रा करत भारतीय के तस्वीर ना सिर्फ नस्लवादी बा बालुक भ्रामक भी बा।

 

कार्टून में दू गो ट्रेन देखावल गइल बा। एक ओर जहां लोग से खचाखच भरल एगो जर्जर पुरान भारतीय ट्रेन देखावल गईल बा, जवना पे लोग भारतीय तिरंगा के संगे बईठल बाड़े। एकरा संगे चीन के बुलेट ट्रेन एगो अलग पटरी पे देखाई देता, जवना में सिर्फ दु ड्राइवर बईठल बाड़े। एह कार्टून के माध्यम से चीन के तकनीकी प्रगति के देखावल गईल बा, जबकि भारत के टुटत बुनियादी ढांचा के संगे पेश कईल गईल बा।

 

संयुक्त राष्ट्र के मुताबिक भारत के जनसंख्या बढ़ के 142.86 करोड़ हो गईल बा। जबकि चीन के आबादी 142.57 करोड़ बा।

सूचना आ प्रसारण मंत्रालय के वरिष्ठ सलाहकार कंचन गुप्ता भी एह कार्टून के आलोचना कइले बाड़न। उ कहले कि इ बेहद नस्लवादी बा। डेर स्पीगल के भारत के एह चित्रण के वास्तविकता से कवनो समानता नइखे। एकर मकसद भारत के अपमानित कइल आ चीन के प्रणाम कइल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]