[the_ad_group id="30365"]

ताजमहल के लगे इबादतगाह में मिलल युवती के शव, दुष्कर्म के आशंका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर प्रदेश के आगरा से एगो हैरानी के मामिला सामने आईल बा। अतवार के दिने पुलिस शहर के मशहूर ताजमहल के लगे एगो इबादतगाह से एगो लइकी के लाश बरामद कइले रहुवे. पुलिस के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक, जब लईकी के लाश इबादतगाह में मिलल तs उs अर्ध नग्न अवस्था में रहे। इs घटना सभके चौंका देले बिया अवुरी पुलिस भी अपना स्तर पs मामिला के जांच करतिया।

घटना कहाँ भईल?

पुलिस के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक लईकी के लाश मिले के इs घटना ताजमहल के नजदीक स्थित नगला पैमा ताजगंज क्षेत्र के इबादतगाह इलाका के इबादतगाह में भईल। पुलिस बतवले बिया कि अतवार के दुपहरिया में करीब पौने तीन बजे नमाज खातीर पूजा स्थल पs पहुंचले तs लईकी के लाश देखाई दिहल। लाश खून से भींजल पड़ल रहे। इs देख के उs पुलिस के सूचना देले।

भारी वस्तु से चेहरा पs मारल गइल

पुलिस के मुताबिक, जवना लईकी के लाश इबादतगाह से बरामद भईल बा, ओकर पहचान अबे ले नईखे भईल। पुलिस के कहनाम बा कि, लईकी के लाश अर्ध-नग्न अवस्था में रहे अवुरी ओकरा चेहरा पs कवनो भारी वस्तु से मारे के निशान मिलल बा। एs मामिला में पुलिस के शक बा कि लईकी के बलात्कार के बाद हत्या हो सकता।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]