Loksabha Election: बसपा कुशीनगर आ देवरिया सीट पs घोषित कइलस उम्मीदवार, एह लोगन के देलस टिकट

By Anurag Ranjan

Published on: May 9, 2024

लोकसभा चुनाव 2024 के नामांकन के प्रक्रिया अब अपना आखिरी दौर में बा। सातवां आ आखिरी चरण के नामांकन सुरू होखला के संगही बसपा एह चरण में होखे वाली सीटन पs चुनाव खातिर देवरिया आ

Share

लोकसभा चुनाव 2024 के नामांकन के प्रक्रिया अब अपना आखिरी दौर में बा। सातवां आ आखिरी चरण के नामांकन सुरू होखला के संगही बसपा एह चरण में होखे वाली सीटन पs चुनाव खातिर देवरिया आ कुशीनगर के उम्मीदवार घोषित कs देले बिया।

पार्टी के ओर से कुशीनगर से शुभ नारायण चौहान आ देवरिया से संदेश यादव उर्फ मिस्टर के उम्मीदवार बनावल गइल बा।

सातवां चरण में यूपी के 13 सीटन पs मतदान होखे के बा। जवना खातिर नामांकन के अंतिम तारीख 14 मई बा।

एह चरण में यूपी के महाराजगंज, गोरखपुर, कुशीनगर, देवरिया, बांसगांव, घोसी, सलेमपुर, बलिया, गाजीपुर, चंदौली, वाराणसी, मिर्जापुर आ राबर्ट्सगंज सीट बा। जवना पs मतदान एक जून के होई। मतगणना चार जून के होई।

बता दीं कि अलग-अलग दल के प्रत्याशियन के नामांकन के तिथि के घोषणा हो चुकल बा। यूपी आ केंद्र में सत्ताधारी भाजपा आ विपक्षी सपा के अधिकतर प्रत्याशियन के अधिकतर सीटन पs नामांकन नौ आ 10 मई के बा। गोरखपुर सीट से प्रत्याशी रवि किशन के नामांकन में सीएम योगी आदित्यनाथ सामिल होइहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.