जब घर पs बना के Face Serum दे सकेला क्लियर आ ग्लोइंग स्किन, तs मार्केट से महंगा दाम पs काहें खरीदीं भला?

By Anurag Ranjan

Published on: May 20, 2024

  रउआ इs जान के हैरान होखी कि घर में उपलब्ध कुछ आम चीज़ से फेस सीरम तैयार कईल जा सकता। इs ना खाली बाजार में उपलब्ध सीरम से सस्ता बा, बालुक एकरा इस्तेमाल से

Share

 

रउआ इs जान के हैरान होखी कि घर में उपलब्ध कुछ आम चीज़ से फेस सीरम तैयार कईल जा सकता। इs ना खाली बाजार में उपलब्ध सीरम से सस्ता बा, बालुक एकरा इस्तेमाल से दुष्प्रभाव के डर भी कम बा। आज एह लेख में बतावत बानी कि कुछ साधारण चीजन के मदद से घर में विटामिन सी आ ई के साथ फेस सीरम कइसे बनावल जाला आ एकर इस्तेमाल कईसे कइल जाला।

फेस सीरम बनावे खातीर रउरा के चाहीं

•विटामिन सी- 2 कैप्सूल

•विटामिन ई- 1 कैप्सूल

•गुलाब जल- 2 स्पून

•एलोवेरा जेल- 1 स्पून

•ग्लिसरीन- 1 स्पून

•कांच के एगो छोट शीशी

फेस सीरम बनावे खातिर एह स्टेप के पालन करीं

•सबसे पहिले एगो साफ कटोरी में एलोवेरा जेल अवुरी गुलाब जल ले लीं।

•एकरा बाद ओकरा में विटामिन ई अवुरी सी कैप्सूल डाली।

•अब ओकरा में ग्लिसरीन डाल के ओकरा बाद सबकुछ बढ़िया से मिलावे के पड़ी।

•विटामिन ई अवुरी सी वाला आपके घर के बनावल फेस सीरम तैयार हो जाई।

•एकरा के कांच के बोतल में फ्रिज में एक सप्ताह ले राखल जा सकता।

•कोशिश करीं कि जवना बोतल में एकरा के स्टोर करीं ओकर रंग गहिराह होखे, एहसे एकरा के जादा समय ले ताजा रहीं अवुरी एकरा के ऑक्सीकरण ना होखे दिहल जाई।

कइसे इस्तेमाल कइल जाव?

•एह सीरम के रउआ कबो भी दिन भा रात अपना त्वचा के देखभाल के दिनचर्या में जोड़ सकेनी।

•एकर इस्तेमाल करे से पहिले हल्का फेस वॉश के मदद से आपन चेहरा धो लीं।

•एकरा बाद फेस टोनर के इस्तेमाल करीं, एहसे आपके त्वचा के पीएच के संतुलन होई।

•अब अँगुरी के नोक पs सीरम के कुछ बूंद लेके चेहरा के त्वचा पs धीरे से थपथपा के लगावे के होई।

•2-3 मिनट के बाद आपके त्वचा के प्रकार के मुताबिक मॉइस्चराइजर लगावे के होई।

•एकरा अलावे जदी आप दिन में एs सीरम के इस्तेमाल करतानी तs सनस्क्रीन लगावल मत भूलीं।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.