Maldives: भारत मालदीव के फेर देलस बड़ आर्थिक मदद, बिदेस मंत्री मूसा जमीर भारत के दरियादिली के भइलें मुरीद
भारत एक बेर फेर मालदीव के सरकार के बड़ आर्थिक मदद देत पांच करोड़ डॉलर के ट्रेजरी बिल के एक साल खातिर बढ़ा देले बा। मालदीव सरकार के अपील पs भारत ई डेग उठवलस। मालदीव में भारतीय उच्चायुक्त बियफे के ई जानकारी देलस। उच्चायोग के तरफ से जारी बयान में कहल गइल बा कि ‘मालदीव सरकार के अपील पs स्टेट बैंक ऑफ इंडिया मालदीव के वित्त मंत्रालय के ओर से जारी ट्रेजरी बिल्स के मैच्योरिटी एक साल खातिर बढ़ा दिहल गइल बा। पहिले इनकर मैच्योरिटी 19 सितंबर के होखे के रहे।’
एह साल में मालदीव के दूसरका आर्थिक मदद
गौर करे वाला बात बा कि मई में मालदीव सरकार के खास अनुरोध पs पांच करोड़ डॉलर के ट्रेजरी बिल के पहिले रोलओवर के मंजूरी देले रहे। एह तरे एह साल ई भारत सरकार के मालदीव खातिर दूसरका रोलओवर हs। भारतीय उच्चायोग मालदीव के भारत के प्रमुख पड़ोसी आ भारत के ‘पड़ोसी पहले’ नीति के तहत महत्वपूर्ण साझेदार बतवलें। उच्चायोग कहलस कि भारत जरूरत के समय में मालदीव के सहायता कइले बिया आ ट्रेजरी बिल के एक साल खातिर रोलओवर बढ़ावल मालदीव के लोगन आ उहां के सरकार खातिर भारत के निरंतर समर्थन के दरसावत बा।
मालदीव के बिदेस मंत्री कइलस भारत के तारीफ
भारत के घोषणा पs प्रतिक्रिया व्यक्त करत मालदीव के बिदेस मंत्री मूसा जमीर भारतीय बिदेस मंत्री एस जयशंकर के प्रति आभार जतवलें आ कहलें कि ‘भारत सरकार के घोषणा मालदीव आ भारत के बीच दोस्ती के स्थायी संबंध के प्रदर्शित करत बा। सोशल मीडिया मंच एक्स s साझा कइल गइल एगो पोस्ट में जमीर कहलें ‘मालदीव के पांच करोड़ अमेरिकी डॉलर के ट्रेजरी बिल के रोलओवर के रूप में महत्वपूर्ण बजटीय सहायता प्रदान करे खातिर बिदेस मंत्री डॉ. एस जयशंकर आ भारत सरकार के हार्दिक आभार। ई उदार भाव मालदीव आ भारत के बीच दोस्ती के स्थायी बंधन के दरसावत बा।’
मालदीव के राष्ट्रपति मोहम्मद मुइज़ू के पदभार ग्रहण कइला के बादे से मालदीव आ भारत के संबंधन में बहुते उतार-चढ़ाव देखल गइल बा। मुइज्जू अपना शपथग्रहण के कुछ समय बादे मालदीव से भारतीय सैनिकन के निकाले के अल्टीमेटम दे दिहल गइल रहे। हालांकि, हाल के समय में मुइज्जू सरकार के रुख में नरमी आइल बा आ ऊ भारत के संगे अपना विवाद के सुलझावे के कोसिस कइले बा। हाल के समय में मुइज्जू कइयन बेर भारत के दौरा कs चुकल बाड़ें। ओहिजा, बीतल दिनन भारतीय बिदेस मंत्री एस जयशंकर ने मालदीव के दौरा कइलें रहस।
Comments are closed.