[the_ad_group id="30365"]

अफ्रीकी देशन मे नइखे थमत मउत के तांडव, उत्तर-पूर्वी कांगो में 20 लोगन के गईल जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अफ्रीकी देशन में हिंसा के घटना बंद नइखे होखत. अफ्रीकी देशन के लगातार मउत के तांडव के सामना करे के पड़त बा. ताजा घटना में उत्तर पूर्वी कांगो में सशस्त्र समूह जानलेवा हमला कईले बाड़े। एह हमला में नाहियो तs बीस लोग के मउत हो चुकल बा. अउरी कई लोग के भी घायल होखे के आशंका बा।  स्थानीय अधिकारी मंगल के दिने बतवले कि एह हमला में नागरिकन के निशाना बनावल गइल बा. हमला के बाद बंदूकधारी मौका से निकल गईले।

बता दीं कि पूर्वी कांगो में सरकारी सुरक्षा बल आ 120 से अधिका सशस्त्र समूहन के बीच लगभग एक दशक से लड़ाई चलत बा. दुनो पक्ष के बीच भईल टकराव में अबे ले हजारों लोग के मउत हो चुकल बा। बाकिर अबे ले एs हिंसा से कवनो शांति के रास्ता नईखे मिलल। ध्यान देवे वाला बात बा कि एह इलाका के सोना अवुरी बाकी संसाधन पs नियंत्रण के लड़ाई में अक्सर सशस्त्र समूह के ओर से नागरिक के निशाना बनावत बम फेंकल जाला।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]