IND vs CHN Hockey : भारत रोकलस चीन के विजय रथ, Women Asian Champions Trophy के सेमीफाइनल के कटवलस टिकट

भारतीय महिला हॉकी टीम चीन के 3-0 से हरवलस। फोटो- HIF

Share

पटना। ओलिंपक रजत पदक विजेता चीन के सनीचर के भारत के सोझा एक ना चलल। राजगीर खेल परिसर में आयोजित एशियन हॉकी प्रतियोगिता में मेजबान टीम आपन दबदबा देखावत मेहमान के विजयरथ रोक अंक तालिका में पहिला स्थान पs कब्जा कs लेलस। एकतरफा मुकाबला में भारत चीन के 3-0 से हराके अपना जीत के क्रम जारी रखत सेमीफाइनल के टिकट कटा लेलस।

चीन के चैंपियनशिप में पहिला शिकस्त झेले के पड़ल। फील्ड गोल करे वाली भारतीय कप्तान सलीमा टेटे प्लेयर आफ द मैच रहल। आउर मैचन में जापान के तीन मैच के प्रतीक्षा के बाद पहिला जीत मिलल। ऊ मलेशिया के 2-1 से पराजित कइलस। एकतरफा मुकाबले में कोरिया थाईलैंड के 4-0 से पराजित कs के जीत के संगे चैंपियनशिप में आपन खाता खोलल। चीन के खिलाफ मैच में भारत के पांच आ प्रतिद्वंद्वी टीम के एगो पेनाल्टी कार्नर मिलल।

संगीती दिलवली पहिला बढ़त

एमे एके के लाभ मेजबान टीम ले सकल। मुकाबला सुरुआते से रोमांचक रहल, बाकिर पहिला दु क्वार्टर में कड़ा संघर्ष के बादो एको गो गोल दुनो टीम ना कs सकल। समूचा मैच में चीन कवनो मोर्चा पs भारत पs हावी ना हो सकल। तीसरका क्वार्टर के 32वां मिनट में भारत के पहिला सफलता मिलल। संगीता कुमारी फील्ड गोल कs के टीम के 1-0 से बढ़त दिला देली।

सलीमा के फील्ड गोल

चीन कुछ देर भारत के पाला में आके गोल करे के कोसिस कइलस, बाकिर गोलकीपर बिचु देवी के मुस्तैदी ओकरा के कामयाबी ना दिला सकल। खेल के 37वां मिनट में कप्तान सलीमा टेटे मोरचा संभरलस आ मेहमान टीम के खिलाफ फील्ड गोल दागके भारत के 2-0 से आगे कs देलस। चउथा क्वार्टर में चीन के तमाम कोसिसन पs देस के बेटियन के परिश्रम पs पानी फेर देलस।

दीपिका दगलें तीसरका गोल

60वां मिनट में पेनल्टी कार्नर के लाभ लेत स्टार खिलाड़ी दीपिका गोल कs के भारत के 3-0 से विजय दिला देलस। मैच के बाद मीडिया से बात करत कप्तान सलीमा टेटे कहली कि राजगीर में दर्शकन के समर्थन के कारण हमनी के अच्छा खेल दिखा सकनी सs। सुरुआते से हमनी के प्रतिद्वंद्वी पs हावी होखे के योजना बनवले रहस, जवन सफल रहली। नवहा आ वरिष्ठ खिलाड़ी के सामंजस्य से जीत आसान रहल।

भारत मैच के संगे रैंकिंग में चीन के पछड़लें

एशियन महिला हॉकी प्रतियोगिता में सनीचर के भारत प्रतिद्वंद्वी टीम चीन पs हर मोरचा पs भारी रहल। 3-0 से मैच जीतला के संगे रैंकिंगो में मेजबान टीम अव्वल हो गइल। गोल के अंतर में भारत (21) तs चीन (18) दूसरका स्थान पs आ गइल। प्रतियोगिता में भारत अभी ले एको गो पराजय नइखे झेलले। मेजबान टीम मलेशिया के 4-0, कोरिया के 3-2 आ थाईलैंड के 13-0 से मात दे चुकल रहे।

चैंपियनशिप में मजबूत दिख रहल चीन के भारत से पहिला शिकस्त झेले के पड़ल। एकरा पहिले ऊ लगातार तीन मुकाबला जीतले रहे। अब अंक तालिका में भारत पहिला, चीन दूसरका, जापान तीसरका, कोरिया चउथा, मलेशिया पांचवां आ थाईलैंड छठा स्थान पs आ गइल बा। अतवार के मलेशिया बनाम थाईलैंड, चीन बनाम कोरिया आ भारत बनाम जापान के बीच मुकाबला होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-