Women’s ACT Hockey: फाइनल में चीन पs जीत दर्ज करे उतरी भारत; तीसरका नंबर खातिर जापान-मलेशिया के बीच भिड़ंत

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 20, 2024

पटना। अभी तक के सब मैच जीत चुकल भारत के बेटी आज चीन से महामुकाबला करे फाइनल में उतरी लो। एशियाई चैंपियंस ट्रॉफी हॉकी के फाइनल में सलीमा टेटे के टीम बुध के चीन के

Share

भारतीय महिला हॉकी टीम - फोटो : PTI

पटना। अभी तक के सब मैच जीत चुकल भारत के बेटी आज चीन से महामुकाबला करे फाइनल में उतरी लो। एशियाई चैंपियंस ट्रॉफी हॉकी के फाइनल में सलीमा टेटे के टीम बुध के चीन के सोझा होई तs ओकर कोसिस बड़ जीत दर्ज करे के होई। ओहिजा विश्व के छव नंबर पs आवे वाली चीन के टीम क्वालीफाइंग मैच में मिलल हार के बदला लेवे उतरी। राजगीर में महिला एशियन चैंपियंस ट्रॉफी के समापन दिवस पs आज भारतीय महिला हॉकी टीम अपना खातिर ऐतिहासिक जीत के उम्मीद लगवले बिया।

महिला हॉकी के एह महाकुंभ में अभी ले भारतीय टीम अपना क्षमता के असाधारण प्रदर्शन कइले बिया। कप्तान सलीमा टेटे के नेतृत्व में टीम लगातार सानदार खेल देखवले बिया आ फाइनल में जगह बनवले बिया। एने, बुध दुपहरिया 2:15 बजे जापान आ मलेशिया के बीच तीसरका स्थान खातिर मुकाबला होई, जबकि सांझ 4:45 बजे भारत आ चीन के बीच फाइनल मैच खेलल जाई।

चीन के क्वालीफाइंग मैच में भारत 3-0 से हरवलें

अब तक टीम इंडिया अपना सब मैच के जीतत आइल बिया। टीम अभी ले कुल 28 गोल कइले बिया जवन ओकर आक्रामक रणनीति के प्रमाण बा। चीन के क्वालीफाइंग मैच में भारत 3-0 से हरवले रहे। अभी ले भारतीय टीम मलेशिया के 4-0 से कोरिया के 3-2 से थाईलैंड के 13-0 से आ जापान के 3-0 आ 2-0 से मात दे चुकल बिया।

केंद्रीय मंत्री आ उपमुख्यमंत्री रहिहें मवजूद

केंद्रीय मंत्री डॉ. मनसुख मांडविया के मवजूदगी में आयोजित होखे वाला समापन समारोह में विजेता टीम के सम्मानित कइल जाई। उपमुख्यमंत्री सम्राट चौधरी आ मंत्री विजय कुमार चौधरी सहित कइयन गो गणमान्य समापन समारोह में सामिल होई लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.