India Canada Row: कनाडा मुद्दा पs भाजपा आ कांग्रेस के एक रुख, देशहित के बतावल सर्वोपरि

Share

खालिस्तानी अलगाववादी नेता हरदीप सिंह निज्जर के हत्या ले लेके भारत-कनाडा के विवाद के बीच कांग्रेस आ भाजपा के मंगर के एक रुख दिखल। सत्ता पक्ष-विपक्ष दुनों देशहित के सर्वोपरि बतावल आ कहल कि आतंकवाद के खिलाफ लड़ाई से कवनो समझौता नइखे हो सकत।

भाजपा कनाडा के आरोपन के कइलस खारिज

भाजपा कनाडा में खालिस्तानी आतंकवादी के हत्या के लेके भारत के खिलाफ प्रधानमंत्री जस्टिन ट्रूडो के आरोपन के निराधार आ विडंबनापूर्ण करार देलस। भाजपा कहलस कि ई दुर्भाग्यपूर्ण बा कि कनाडा के कुछ राजनीतिक हस्ती भारत विरोधी गतिविधियन में सामिल समूहन आ व्यक्तियन के प्रति खुलेआम सहानुभूति व्यक्त कइले बा।

भाजपा के राष्ट्रीय महासचिव तरुण चुघ कहलें, कनाडा के अपना धरती पs सक्रिय सब भारत विरोधी तत्वन के खिलाफ तत्काल प्रभाव से कार्रवाई करे के चाहीं। कांग्रेस महासचिव जयराम रमेश कहलें कि दस के हित आ चिंता के हर वक्त सबसे ऊपर रखल जाये के चाहीं।

कांग्रेस देशहित के बतवलस सर्वोपरि

जयराम रमेश एक्स पs एगो  पोस्ट में कहलें,

कांग्रेस के हमेसा से मानत रहल बिया कि आतंकवाद के खिलाफ हमनी के देस के लड़ाई समझौता रहित होखे के चाहीं, खास कs के जब आतंकवाद भारत के संप्रभुता, एकता आ अखंडता खातिर खतरा होखे।

जून में भइल रहे निज्जर के हत्या

बता दीं कि खालिस्तान टाइगर फोर्स (केटीएफ) के प्रमुख आ भारत के सर्वाधिक वांछित आतंकियन में से एगो निज्जर के पश्चिमी कनाडा के ब्रिटिश कोलंबिया प्रांत के सरे में एगो गुरुद्वारा के बाहर 18 जून के दु गो अज्ञात बंदूकधारी गोली मारके हत्या कs देले रहले सs। बीतल रोज कनाडा के पीएम ट्रूडो उहां के संसद में आरोप लगवले रहस कि निज्जर के हत्या के पीछे भारतीय एजेंसियन के हाथ बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-