IND vs NZ: भारत ने रोमांचक मैच में न्यूजीलैंड के 12 रन से हरावल, माइकल ब्रैसवेल के शतक बेकार गइल 

Anurag Ranjan

IND vs NZ: भारत के सानदार जीत

भारत न्यूजीलैंड के तीन वनडे मैचन के सीरीज के पहिले मुकाबला में 12 रन से हरा देले बा। ऊ हैदराबाद में बुध (18 जनवरी) के जीत हासिल कs के सीरीज में 1-0 के बढ़त हासिल कs लेलस। भारतीय कप्तान रोहित शर्मा टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी के फैसला कइलस। शुभमन गिल के सानदार दोहरा शतक के बदौलत टीम इंडिया 50 ओवर में आठ विकेट पs 349 रन बनवले। गिल 208 रनन के पारी खेललस। जवाब में न्यूजीलैंड के टीम 49.2 ओवर में 337 रनन पs सिमट गइल।

न्यूजीलैंड के टीम एक समय 131 रन पs छह विकेट गंवाके संघर्ष करत रहे। अइसन लागत रहे कि टीम इंडिया एह मैच के आसानी से जीत लेस, बाकिर इहां से माइकल ब्रैसवेल आ मिचेल सैंटनर पारी के संभरले। दुनो सातवां विकेट खातिर 102 गेना पs 162 रनन के साझेदारी कइलस। सैंटनर 45 गेना पs 57 रन बनाके आउट भइलें। आखिरी ओवर में न्यूजीलैंड के जीत खातिर 20 रन बनावे के रहे। ब्रैसवेल शार्दुल ठाकुर के पहिला गेना पs छक्का लगा देलें।। शार्दुल फेर एगो वाइड फेंकलें। ओकरा बाद अगिला गेना पs ऊ ब्रैसवेल के एलबीडब्ल्यू कs देलें आ टीम इंडिया जीत गइल। ब्रैसवेल 78 गेना पs 140 रन बनवलें। ऊ अपना पारी में 12 चउका आ 10 छक्का लगवलें।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।