Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs SL: भारत तीसरा मैच 317 रन से जीतल, वनडे इतिहास के सबसे बड़ जीत दर्ज कइलस, सीरीज 3-0 से अपना नामे कइलस 

1,535

India vs Sri Lanka (IND vs SL) 3rd ODI: आज तिरुवनंतपुरम के ग्रीनफील्ड इंटरनेशनल स्टेडियम में भारत आ श्रीलंका के बीच सीरीज के तीसरका वनडे खेलल गइल। भारत ई मैच 317 रन से अपना नामे कइलस। संगही सीरीज 3-0 से अपना नामे कइलस। टीम इंडिया पहिला वनडे 67 रन आ दूसरा वनडे चार विकेट से जीतले रहे।

भारत श्रीलंका के 317 रन से हरवलस 

भारत तिरुवनंतपुरम के ग्रीनफील्ड इंटरनेशनल स्टेडियम में खेलल गइल तीसरा वनडे में श्रीलंका के 317 रन से हरा देलस। ई वनडे इतिहास के सबसे बड़ी जीत हs। एकरा पहिले ई रिकॉर्ड न्यूजीलैंड के नामे रहे। ऊ 2008 में आयरलैंड के 290 रन से हरवले रहे ओहिजा, भारतीय टीम के पिछला रिकॉर्ड 257 रन से जीत के रहे, जवन ऊ 2007 में बरमूडा के खिलाफ हासिल कइले रहस।

टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करत भारत 50 ओवर में पांच विकेट गंवाके 390 रन बनवले रहे। शुभमन गिल 116 रन आ विराट कोहली 166 रन के नाबाद पारी खेलले रहस। जवाब में श्रीलंका के टीम 22 ओवर में नौ विकेट गंवाके 73 रन बनवलस। अशेन बंडारा चोटिल होखला के वजह से मैदान पs ना आ सकल। एह तरह टीम इंडिया 317 रन से जीत दर्ज कइलस। भारत के ओर से मोहम्मद सिराज सबसे जादे चार विकेट झटकले आ एक खिलाड़ी के रन आउट कइलें। मोहम्मद शमी आ कुलदीप यादव के दु-दु विकेट मिलल।

भारत श्रीलंका के 3-0 से क्लीन स्वीप कs देलस। चउथा बेर टीम इंडिया वनडे सीरीज में श्रीलंका के क्लीन स्वीप कइले बा। भारत पहिला वनडे 67 रन आ दूसरा वनडे चार विकेट से जीतले रहे।

439060cookie-checkIND vs SL: भारत तीसरा मैच 317 रन से जीतल, वनडे इतिहास के सबसे बड़ जीत दर्ज कइलस, सीरीज 3-0 से अपना नामे कइलस 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.