Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

डेब्‍यूटेंट अमनजोत कौर-दीप्ति शर्मा बिखेरल लो जलवा, भारत के ट्राई सीरीज में धमाकेदार जीत के संगे सुरुआत

IND W vs SA W: भारतीय महिला क्रिकेट टीम बियफे के दक्षिण अफ्रीका महिला क्रिकेट टीम के खिलाफ दमदार प्रदर्शन कइलस आ ट्राई सीरीज के पहिला मुकाबला में 27 रन से जीत दर्ज इलस। भारत के जीत दिलावे में दीप्ति शर्मा आ डेब्‍यूटेंट अमनजोत कौर अहम भूमिका निभावल लोग।

1,069

दीप्ति शर्मा (33 रन आ तीन विकेट) आ डेब्‍यूटेंट अमनजोत कौर (41 रन*) के बेहतरीन प्रदर्शन के मदद से भारतीय महिला क्रिकेट टीम टी20 इंटरनेशनल ट्राई सीरीज में विजयी सुरुआत कइलस। भारतीय महिला टीम ईस्‍ट लंदन के बफैलो पार्क में खेलल गइल पहिला मुकाबला में दक्षिण अफ्रीका महिला टीम के 27 रन से मात देलस।

भारत पहिले बल्‍लेबाजी के आमंत्रण स्‍वीकार कइलस आ निर्धारित 20 ओवर में 6 विकेट खोके 147 रन बनवलस। जवाब में दक्षिण अफ्रीका 120/9 के स्‍कोर बना सकल। डेब्‍यू मैच में नाबाद 41 रन के पारी खेले वाला अमनजोत कौर के प्लेयर ऑफ द सीरीज चुनल गइल। भारतीय महिला टीम आपन अगिला मुकाबला सोमार के वेस्‍टइंडीज महिला के खिलाफ खेली।

दीप्ति-वैद्य के धारदार गेंदबाजी

148 रन के लक्ष्‍य के पीछा करे उतरल दक्षिण अफ्रीका के सुरुआत खराब रहल। दीप्ति शर्मा पारी के दूसरा ओवर में ओपनर लौरा वोलवार्ट (6) के कैच अपने गेना पs पकड़लें। पांचवां ओवर में राजेश्‍वरी गायकवाड़ एनेके बोश (2) के यादव के हाथों कैच आउट कराके प्रोटियाज के दूसरका झटका देली। इहां से मारिजाने कैप (22) आ ‍कप्तान सुन लुस (29) तीसरा विकेट खातिर 27 रन जोड़ल लो। देविका वैद्य कैप के राणा के हाथो कैच आउट कराके भारत के महत्‍वपूर्ण सफलता दिलवली। कप्‍तान लुस दुर्भाग्‍यशाली रहली आ रन आउट होकर डगआउट लवट गइली।

देविका वैद्य डेलमी टकर के पहिलके गेना पs बोल्‍ड कs के  दक्षिण अफ्रीका के बैकफुट पs धकेल देली। दक्षिण अफ्रीका 64 रन पs पांच विकेट गंवा देले रहे। तब क्‍लोए ट्रायोन (26) आ नादिने डी क्‍लर्क (16) छठा विकेट खत्री 39 रन जोड़ल लो। यादव ट्रायोन के एलबीडब्‍ल्‍यू आउट कs के भारत के वापसी करवली। राणा क्‍लर्क के बोल्‍ड कs देली। दक्षिण अफ्रीका के टीम 20 ओवर में 120/9 के स्‍कोर बना सकली। भारत के तरफ से दीप्ति शर्मा सबसे जादे तीन विकेट लेली। देविका वैद्य दु गो जबकि राजेश्‍वरी गायकवाड़, स्‍नेह राणा आ राधा यादव के एक-एक विकेट मिलल।

अमनजोत डेब्‍यू में कइली धमाका

दक्षिण अफ्रीका द्वारा पहिला बल्‍लेबाजी खातिर आमंत्रित भारतीय टीम के सुरुआत अच्छा ना रहल। कप्‍तान स्‍मृति मंधाना (7) खाका के गेना पs मिड ऑफ में ट्रायोन के कैच थमाके डगआउट लवट गइली। हरलीन देओल (8) रन बनाके आउट भइली। जेमिमा रॉड्रिग्‍ज खाता तक ना खोल पवली आ मलाबा के गेना पs विकेटकीपर जाफता के कैच थमा बइठली। यस्तिका भाटिया (35) एक छोर पs खड़ा रहके कुछ अच्छा शॉट्स खेललें। ऊ देविका वैद्य (9) के संगे चउथा विकेट खातिर 26 रन जोड़के टीम के 50 रन के पार पहुंचवली। टकर भाटिया के क्‍लीन बोल्‍ड कs देली।

देविका वैद्य के मलाबा आपन दूसरा शिकार बनवली। भारत 69 रन पs पांच विकेट गंवा देले रहे। फेर अनुभवी दीप्ति शर्मा (33) आ ‍डेब्यूटेंट अमनजोत कौर (41*) मोर्चा संभरली। दुनो छठा विकेट खातिर 76 रन के साझेदारी कs के भारत के मजबूत इस्थिति में पहुंचवले। शर्मा आउट होखे वाली आखिरी बल्‍लेबाज रहली। कैप के गेना पs ऊ खाका के कैच थमवली। दीप्ति 23 गेना में एगो चौका आ एगो ‍छक्का के मदद से 33 रन बनवली। अमनजोत कौर 30 गेंदों में सात चौका के मदद से नाबाद 41 रन बनवली। दक्षिण अफ्रीका के तरफ से मलाबा दु गो जबकि कैप, खाका आ टकर के एक-एक विकेट मिलल।

441630cookie-checkडेब्‍यूटेंट अमनजोत कौर-दीप्ति शर्मा बिखेरल लो जलवा, भारत के ट्राई सीरीज में धमाकेदार जीत के संगे सुरुआत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.