रायपुर में होई भारत अउर न्यूजीलैंड के मुकाबला, छत्तीसगढ़ के पहिला बेर मैच के मिलल मेजबानी

Share

छत्तीसगढ़ के पहिला बेर अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट मैच के मेजबानी मिलल बा। भारत अउर न्यूजीलैंड के बीच रायपुर के शहीद वीर नारायण सिंह अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम में ई मैच खेलल जाई। तीन दिवसीय वन-डे सरीरीज के दूसरा मैच 21 जनवरी के रायपुर में होई। छत्तीसगढ़ स्टेट क्रिकेट संघ (CSCS) के पदाधिकारी लोग एकर जानकारी दिहले बानें।

 

CSCS के मुताबिक एहसे पहिले रायपुर के शहीद वीर नारायण सिंह अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम में साल-2013 में IPL के दू मैच, 2014 में टी-20 चैलेंजर ट्राफी, 2015 में दूसरा बेर IPL, 2016 से लगातार रणजी ट्राफी के मैच, सैय्यद मुश्ताक अली टी-20 ट्राफी अउर BCCI के घरेलू क्रिकेट के सब प्रारूप के मैच के आयोजन कइल जा चुकल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-