India vs England: भारत इंग्लैंड के 110 रन पs कइलस ऑलआउट, बुमराह झटकले 6 विकेट

Share

भारत इंग्लैंड के 110 रन पs समेटलस

भारतीय तेज गेंदबाज शानदार गेंदबाजी करत इंग्लैंड के समूचा टीम के 110 रन पs आउट कs देले बा लो। ई भारत के खिलाफ इंग्लैंड के सबसे छोट स्कोर हs। जसप्रीत बुमराह छह विकेट चटकवले। मोहम्मद शमी के तीन सफलता मिलल। प्रसिद्ध कृष्ण एक विकेट अपना नामे कइलें। बुमराह के ई अब तक के सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन हs। इंग्लैंड के सात बल्लेबाज दहाई अंक तक ना पहुंच सकल लो। ओमे से चार तs जीरो पs आउट भइल लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-