स्वतंत्रता दिवस: भारत माता के जयकारा से गुजल गांव जवार 

Share

देवरिया (बरहज)/अखिलेश कुमार सिंह: 77वां स्वतंत्रता दिवस के अवसर पs भारत माता के जयकारा से जहां समूचा देस गुंज उठल। ओहिजा ग्रामीण क्षेत्र के विद्यालय, महाविद्यालय प्राथमिक विद्यायो पीछे ना रहल। ग्रामीण लोग अपना घरन पs तिरंगा लगाके देस के स्वतंत्र करे वाला आपन सपूतन के प्रति आभार प्रस्तुत कइल।

ग्राम पंचायत भवन मरकड़ा में ओम प्रकाश मिश्रा आ मनोज मिश्रा, श्री अनन्त इंटरमीडिएट कॉलेज सतरांव में राघवेन्द्र चौधरी, यादवेंद्र चौधरी कार्यक्रम के समापन लालसहन यादव, श्री राजधारी उच्चतर माध्यमिक विद्यालय चकरा में शिवआधार यादव, नारायण शिक्षण संस्थान में जय प्रकाश सिंह पूर्व ब्लाक प्रमुख, केन्द्रीय विद्यालय चेरो में प्राचार्य रजनीश कुमार त्रिपाठी, बाबा बौद्ध नाथ इन्टर कॉलेज में पूर्व प्रधानाचार्य ग्रीशचन्द्र पाण्डेय।

पंचायत भवन पलिया में अजय मल्ल, प्राथमिक विद्यालय पडरी गुरूराव में प्रवीण राव, प्राथमिक विद्यालय कटियारी में अजय पासवान, प्राथमिक विद्यालय गहिला में संतोष खरवार, प्राथमिक विद्यालय सुकरौली में विजय उर्फ हंटर यादव, लक्ष्य कोचिंग सेंटर गहिला में अमल प्रसाद, साधन सहकारी समिति मरकड़ा में सनी मिश्रा आ नवनाथ मिश्रा झण्डा रोहण कइल लो ।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-