Modi Cabinet: विश्वकर्मा योजना के मंजूरी, 100 शहरन में चली इलेक्ट्रिक बस; पढ़ी कैबिनेट के अहम फैसला

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 16, 2023

देश के 100 शहर में इलेक्ट्रिक बस चलावे के योजना के केंद्रीय मंत्रिमंडल मंजूरी दे देले बा।  एकरा पs 77,613 करोड़ रुपिया खर्च होई।  मंत्रिमंडल के बइठक में लिहल फैसला के बखान करत केंद्रीय मंत्री

Share

देश के 100 शहर में इलेक्ट्रिक बस चलावे के योजना के केंद्रीय मंत्रिमंडल मंजूरी दे देले बा।  एकरा पs 77,613 करोड़ रुपिया खर्च होई।  मंत्रिमंडल के बइठक में लिहल फैसला के बखान करत केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर कहले बाड़न कि पीएम इलेक्ट्रिक बस सेवा के मंजूरी मिल गइल बा।एकरा खातीर देश भर में करीब 10 हजार नाया इलेक्ट्रिक बस के इंतजाम कईल जाई।  एकरा संगे केंद्रीय मंत्रिमंडल भी विश्वकर्मा योजना के मंजूरी देले बा।  दूसर ओर मंत्रिमंडल में लिहल गईल फैसला के बारे में बतावत केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव कहले कि बुधवार के डिजिटल इंडिया कार्यक्रम के विस्तार के भी हरीहर झंडा दिखावल गईल बा।

केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव कहले कि मंत्रिमंडल के बैठक में प्रधानमंत्री पारंपरिक कौशल वाला लोग के सहयोग खातीर ‘पीएम विश्वकर्मा’ योजना के मंजूरी देले।  ए योजना के तहत उदार शर्त पs एक लाख रुपिया के कर्जा दिहल जाई।  एह योजना के संचालन से देश भर के करीब 30 लाख विश्वकर्मा परिवार के फायदा होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.