IND vs WI Live Streaming: भारत-वेस्टइंडीज के बीच पहिला टेस्ट डोमिनिका में आज से, जानीं कब आ कहां देख सकेम मैच

Share

भारतीय टीम विश्व टेस्ट चैंपियनशिप 2023-25 चक्र के सुरुआत वेस्टइंडीज के खिलाफ दु टेस्ट मैचन के सीरीज से करी। टीम इंडिया वेस्टइंडीज के दौरा पs बिया। उहां ओकरा दुगो टेस्ट, तीन वनडे आ पांच टी20 मैच खेले के बा। भारतीय टीम पहिले टेस्ट सीरीज से सुरुआत करी। दुनो टीमन के बीच पहिला मुकाबला 12 से 16 जुलाई के बीच खेलल जाई। ई मुकाबला डोमिनिका के विंडसॉर पार्क में खेलल जाई।

भारत डोमिनिका में 13 साल बाद कवनो टेस्ट मैच खेली। पिछिला बेर 2011 में एह मैदान पs मुकाबला ड्रॉ छूटल रहे। टीम इंडिया इहां अब तक एके गो मैच खेल सकल बिया। ई ओकर दूसरका टेस्ट होई। भारत वेस्टइंडीज में 2002 से एको टेस्ट नइखे हारल। ऊ एह क्रम के जारी रखे उतरी। टीम इंडिया के वेस्टइंडीज में पिछला हार 2002 में मिलल रहे। ओकरा बाद से टीम इंडिया छव टेस्ट जीतल आ सात ड्रॉ रहल।

रोहित शर्मा – फोटो : सोशल मीडिया

हमनी के रउआ सभे के मैच के लाइव टेलीकास्ट से जुड़ल सारा जानकारी इहां दे रहल बानी सs:

भारत बनाम वेस्टइंडीज पहिला टेस्ट कब होई?

भारत बनाम वेस्टइंडीज पहिला टेस्ट 12 से 16 जुलाई के बीच होई।

भारत बनाम वेस्टइंडीज पहिला टेस्ट कहां खेलल जाई?

भारत बनाम वेस्टइंडीज पहिला टेस्ट डोमिनिका के विंडसॉर पार्क में खेलल जाई।

भारत बनाम वेस्टइंडीज पहिला टेस्ट केतना बजे से सुरू होई?

भारत बनाम वेस्टइंडीज पहिला टेस्ट भारतीय समय के मोताबिक सांझ 7:30 बजे से सुरू होई।

विराट कोहली आ अजिंक्य रहाणे – फोटो : सोशल मीडिया

भारत बनाम वेस्टइंडीज पहिला टेस्ट भारत में कहां देख सकत बानी?

भारत बनाम वेस्टइंडीज पहिला टेस्ट के टीवी पs सीधा प्रसारण डीडी स्पोर्ट्स (DD Sports) पs होई। डीडी स्पोर्ट्स अलग-अलग भाषा में मैच के प्रसारण करी। ई फ्री डीटीएच (पेड पs ना) पs देखल जा सकत बा।

ओहिजा, ऑनलाइन रउआ एह मैच के जियो सिनेमा (Jio Cinema) आ फैनकोड (Fancode) एप आ वेब साइट पs देख सकत बानी। जियो सिनेमा एप भा वेबसाइट पर फ्री में मैच के देखल जा सकी। ओहिजा, फैनकोड पs देखे खातिर तय कीमत चुकावे के होई। एह मैच से जुड़ल खबरन के रउआ खबर भोजपुरी पs पढ़ सकत बानी।

दुनो टीम एह तरे बा:

वेस्टइंडीज: क्रैग ब्रैथवेट (कप्तान), जर्मेन ब्लैकवुड (उपकप्तान), एलिक अथानाजे, तेजनारायण चंद्रपॉल, रहकीम कॉर्नवाल, जोशुआ डा सिल्वा, शैनन गेब्रियल, जेसन होल्डर, अल्जारी जोसेफ, किर्क मैकेंजी, रेमन रीफर, केमार रोच, जोमेल वारिकन।

रिजर्व: टेविन इमलाच, अकीम जॉर्डन।

भारत: रोहित शर्मा (कप्तान), शुभमन गिल, विराट कोहली, यशस्वी जयसवाल, अजिंक्य रहाणे, ऋतुराज गायकवाड़, केएस भरत (विकेटकीपर), ईशान किशन (विकेटकीपर), रवींद्र जडेजा, अक्षर पटेल, रविचंद्रन अश्विन, शार्दुल ठाकुर, नवदीप सैनी, मुकेश कुमार, मोहम्मद सिराज, जयदेव उनादकट।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-