[the_ad_group id="30365"]

IND W vs BAN W: भारत दूसरका टी20 में बांग्लादेश के आठ रन से हरवलस, सीरीज में 2-0 के अजेय बढ़त बनवलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत बांग्लादेश के 8 रन से हरवलस 

भारत ढाका में खेलल गइल दूसरका टी20 में बांग्लादेश के आठ रन से हराके तीन मैचन के टी20 सीरीज में 2-0 के अजेय बढ़त हासिल कs लेले बा। टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करत भारत 20 ओवर में आठ विकेट गंवाके 95 रन बनवले रहे। जवाब में बांग्लादेश के टीम 20 ओवर में 87 रन पर सिमट गइल। सीरीज के तीसरा मुकाबला 13 जुलाई के खेलल जाई।

भारत के पारी

भारत बांग्लादेश के सोझा 20 ओवर में 96 रन के लक्ष्य रखले रहे। टीम इंडिया 20 ओवर में आठ विकेट गंवाके 95 रन बनवलस। भारतीय बल्लेबाजी फ्लॉप रहल। स्मृति मंधाना 13 रन, शेफाली वर्मा 19 रन आ जेमिमा रॉड्रिग्स 21 गेना में आठ रन बनाके आउट हो गइल लो। कप्तान हरमनप्रीत कौर खाता तक ना खोल सकली। यास्तिका भाटिया 11 रन, हरलीन देओल छव रन, दीप्ति शर्मा 10 रन आ अमनजोत कौर 14 रन बनाके आउट भइल लो। पूजा वस्त्राकर सात रन आ मिन्नू मणि पांच रन बनाके नाबाद रहल लो। सुल्ताना खातून सबसे जादे तीन विकेट लेली। ओहिजा, फाहिमा खातून के दु विकेट मिलल। मारूफा अख्तर, नाहिदा अख्तर आ राबेया खान के एक-एक विकेट मिलल।

बांग्लादेश के पारी

जवाब में बांग्लादेश के सुरुआत खराब रहल। ओपनर्स शमिमा सुल्ताना आ शाथी रानी पांच-पांच रन बनाके आउट हो गइल लो। मुर्शिदा खातून चार रन आ रितु मोनी चार रन बनाकर आउट हो गइल लो। एकरा बाद शोर्ना अख्तर आ कप्तान निगार सुल्ताना पांचवां विकेट खातिर 34 रन जोड़ल लो। शोर्ना सात रन बनाके आउट भइली। एकरा बाद कप्तान निगार सुल्ताना 55 गेना में दु चौका के मदद से 38 रन बनाके पवेलियन चलत बनली। ऊ अपना टीम के तरफ से सबसे जादे रन बनाने वाली बल्लेबाज रहली। आखिरी ओवर में बांग्लादेश के 10 रन के जरूरत रहे। शेफाली वर्मा गेंदबाजी खातिर अइली। एह ओवर में कुल चार विकेट गिरल। एमे से तीन शेफाली झटकली, ओहिजा एक खिलाड़ी रन आउट भइली।

शेफाली आखिरी ओवर में नाहिदा अख्तर (6), फाहिमा खातून (0) आ मारूफा अख्तर (0) के आउट कइली। ओहिजा, राबेया खान (0) रन आउट भइली। भारत के ओर से दीप्ति शर्मा आ शेफाली सबसे जादे 3-3 विकेट लिहल लो। ओहिजा, मिन्नू मणि के दु विकेट मिलल। बारेड्डी अनुषा के एक विकेट मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]