IND vs SA Test Series : घरेलु मैदान पs टीम इंडिया के सबसे बड़ झटका, साउथ अफ्रीका 2-0 से क्लीन स्वीप कइलस

Team India players look disappointed after heavy defeat against South Africa in Guwahati Test during IND vs SA Test Series 2025.

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। 26 नवंबर 2025- ई तारीख भारतीय क्रिकेट खातिर एगो कड़वा इयाद बन के रह जाई। गुवाहाटी में खेलल गइल दूसरका टेस्ट में कुछ अइसन भइल जवना के सायदे केहू कल्पना कइले होई आ कबाे एह गहिराह चोट के क्रिकेट फैन्स भुला सके लोग। जवन टीम इंडिया के घर में सबसे मजबूत मानल जाला, ऊ टीम साउथ अफ्रीका के सामने पूरा तरे ढह गइल।

दूसरका टेस्ट में भारत 408 रन से हार गइल, आ एह हार के संगे साउथ अफ्रीका दु मैच के टेस्ट सीरीज 2-0 से क्लीन स्वीप कs के इतिहास रच देलस। साउथ अफ्रीका फेर से भारत के गुरूर तोड़ देलस- बिलकुल ओइसने जइसे ऊ 25 साल पहिले (1999-2000) में कइले रहे।

साउथ अफ्रीका अब दुनिया के पहिला टीम बन गइल बिया, जवन दू बेर भारत के घर में क्लीन स्वीप कइले बिश्स।

ढह गइल  घरेलू किला

गुवाहाटी के बरसापारा स्टेडियम में खेलल गइल दुसरका टेस्ट पांचवा दिने खत्म भइल। साउथ अफ्रीका टॉस जीत के पहिले बैटिंग कइलस आ 489 रन बना के ऑलआउट भइल। भारत जवाब में 201 रन पs ऑलआउट हो गइल। खाली यशस्वी जायसवाल (58) आ वॉशिंगटन सुंदर (48) आपन दम दिखा सकल लोग। एह पारी के बाद साउथ अफ्रीका 288 रन के बढ़त ले चुकल रहे। दुसरका पारी में साउथ अफ्रीका 260 रन बना के पारी घोषित कs देलस।

अइसन में भारत के सोझा चौथा पारी में 549 रन के टारगेट रहे। बाकिर टीम इंडिया दूसरका पारी में 140 रन पs सिमट गइल। मार्को यानसेन आ साइमन हार्मर के गेंदबाजी के आगे पूरा टीम ढह गइल।

408 रन से हार भारत के टेस्ट इतिहास में घर पs सबसे बड़ रनन के अंतर से हारल। पहिले ई रिकॉर्ड 2004 में नागपुर टेस्ट में बनल रहे जब ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ भारत 342 रन से हार गइल रहे।

भारत के रनन से सबसे बड़ हार (ओवरऑल)

  • 408 रन – साउथ अफ्रीका, गुवाहाटी (2025)
  • 342 रन – ऑस्ट्रेलिया, नागपुर (2004)
  • 341 रन – पाकिस्तान, कराची (2006)
  • 337 रन – ऑस्ट्रेलिया, मेलबर्न (2007)

दुनो टेस्ट के स्कोर

पहिला टेस्ट (कोलकाता)

  • SA पहली पारी – 159
  • IND पहली पारी – 189
  • SA दूसरी पारी – 153
  • IND दूसरी पारी – 93

दुसरका टेस्ट (गुवाहाटी)

  • SA पहली पारी – 489
  • IND पहली पारी – 201
  • SA दूसरी पारी – 260* (घोषित)
  • IND दूसरी पारी – 140

टीम सेलेक्शन पर सवाल

भारत के हार के बाद कोच गौतम गंभीर पर तगड़ा सवाल उठत बा। आरोप बा कि ओह लोग टी-20 सोच से टेस्ट टीम चुनत बा। जबसे गंभीर कोच बनलें, भारत घर में खेहल 8 टेस्ट में 4 हार चुकल बा।

न्यूजीलैंड 2024 में घर में 3-0 से हरवलस, अब साउथ अफ्रीका 2-0 से।
दुसरका टेस्ट में बस यशस्वी जायसवाल अकेले अर्धशतक मार सकलें।

Read Also: Constitution Day : संसद में राष्ट्रीय संविधान दिवस समारोह, नभाषाओं में संविधान के अनुवाद के लोकार्पण

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-