T20 World Cup Brand Ambassdor : रोहित शर्मा बनलें T20 वर्ल्ड कप 2026 के ब्रांड एंबेसडर

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 26, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। पिछला साल भारत के टी20 वर्ल्ड कप जितवावे वाला कप्तान रोहित शर्मा के ICC चेयरमैन जय शाह मंगर के दिने एगो खास जिम्मेदारी देलें। रोहित शर्मा के भारत आ श्रीलंका के संयुक्त मेजबानी

Share

Rohit Sharma becomes the brand ambassador of T20 World Cup 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। पिछला साल भारत के टी20 वर्ल्ड कप जितवावे वाला कप्तान रोहित शर्मा के ICC चेयरमैन जय शाह मंगर के दिने एगो खास जिम्मेदारी देलें। रोहित शर्मा के भारत आ श्रीलंका के संयुक्त मेजबानी में होखे जा रहल T20 वर्ल्ड कप 2026 के ब्रांड एंबेसडर बनावल गइल बा।

रोहित के कप्तानी के कमाल

रोहित के नेतृत्व में भारत दक्षिण अफ्रीका के हराके दूसरका बेर टी20 वर्ल्ड कप जीतल रहे। एह जीत के बाद रोहित टी20 इंटरनेशनल क्रिकेट से संन्यास ले लेलें। मई 2025 में ऊ टेस्ट क्रिकेट से अलविदा कह देले रहस। अब रोहित खाली वनडे क्रिकेट खेलताड़ें।

“हमरा खातिर बहुत बड़ सम्मान”

रोहित कहलें-

“खेलत-खेलत कवनो ICC टूर्नामेंट के ब्रांड एंबेसडर बनावल बहुत कम देखे के मिलेला। ई हमरा खातिर बहुत बड़ सम्मान बा। उम्मेद बा कि पिछिला साल जइसन कमाल हमनी के फेर से दोहराएम सs।”

रोहित कहलें कि 18 साल के करिअर में मिलल ICC ट्रॉफी ऊ लोग खातिर बहुते खास रहे।

ICC ट्रॉफी में रोहित के रिकॉर्ड

  • रोहित के कप्तानी में भारत चैंपियंस ट्रॉफी जीतलस।
  • रोहित कम से कम दुगो ICC खिताब जीतेवाला भारत के दूसरका कप्तान बन गइलें।
  • T20I में रोहित भारत के सबसे सफल बल्लेबाजन में से एगो हवे
  • 4231 रन
  • औसत: 32.01
  • स्ट्राइक रेट: 140.89

T20 वर्ल्ड कप 2026 : भारत के ग्रुप

भारत के ग्रुप-ए में सामिल टीम

  • पाकिस्तान
  • अमेरिका
  • नामीबिया
  • नीदरलैंड्स

15 फरवरी के भारत-पाकिस्तान के टक्कर होई।

रोहित कहलें-

“कवनो टीम के हलुका में नइखे लिहल जा सकत। पहिला गेना से पूरा तईयारी जरूरी बा।”

इटली के टूर्नामेंट में सामिल देख रोहित खुसी जतवलें आ कहलें कि खेल अब तेजी से दुनिया भर में फइल रहल बा।

Read Also: Gorakhpur News : एम्स के पूर्व ईडी डॉ. सुरेखा किशोर खिलाफ ऋषिकेश में जांच सुरू

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.