Constitution Day : संसद में राष्ट्रीय संविधान दिवस समारोह, नभाषाओं में संविधान के अनुवाद के लोकार्पण

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 26, 2025

सेंट्रल डेस्क। संविधान दिवस, 2025 के उपलक्ष्य में संसद के संविधान सदन में बुध के समारोह के आयोजन कइल जा रहल बा। सेंट्रल हॉल में हो रहल एह कार्यक्रम के अध्यक्षता राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू कs

Share

"Parliament ceremony on Constitution Day 2025 with President and leaders during launch of Constitution in nine languages"

सेंट्रल डेस्क। संविधान दिवस, 2025 के उपलक्ष्य में संसद के संविधान सदन में बुध के समारोह के आयोजन कइल जा रहल बा। सेंट्रल हॉल में हो रहल एह कार्यक्रम के अध्यक्षता राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू कs रहल बाड़ी। एकरा अलावे उपराष्ट्रपति सीपी राधाकृष्णन, पीएम मोदी, लोकसभा के अध्यक्ष ओम बिरला के अलावा केंद्रीय मंत्रियन के समूह सेंट्रल हॉल पहुंचल। विपक्ष के तरफ से लोकसभा में नेता प्रतिपक्ष राहुल गांधी आ कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे मौजूद रहल लोग। ई मौका भारत के ओर से संवैधानिक मूल्यन आ लोकतांत्रिक परंपरन के प्रति अपना प्रतिबद्धता के पुनः पुष्टि के प्रतीक हs।

एह कार्यक्रम के सबसे पहिले लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला के तरफ से संबोधित कइल गइल। एकरा बाद उपराष्ट्रपति सीपी राधाकृष्णन वक्तव्य देलें। संविधान दिवस समारोह के एगो हिस्सा के रूप में, सेंट्रल हॉल समारोह के दौरान डिजिटल मोड में कइयन गो योजनन के  विमोचन कइल गइल।

  • विधायी विभाग के तरफ से तइयार नव भाषा- मलयालम, मराठी, नेपाली, पंजाबी, बोडो, कश्मीरी, तेलुगु, ओडिया आ असमिया में भारत के संविधान के लोकार्पण।
  • संस्कृति मंत्रालय के तरफ से तइयार स्मारक पुस्तिका ‘भारत के संविधान से कला और कैलीग्राफी ‘ (हिंदी संस्करण) के विमोचन।

देस भर में, सब केंद्रीय मंत्रालय/विभाग, उनकर अधीनस्थ आ संबद्ध कार्यालय, राज्य/केंद्र शासित प्रदेश सरकारन आ स्थानीय निकाय एह अवसर पs कइयन गो कार्यक्रम आयोजित करिहें। आम नागरिक कइयन गो माध्यमन से एमे भाग लिही लोग:

  • मायजीओवी.इन आ संविधान75.कॉम पs प्रस्तावना के ऑनलाइन वाचन
  • प्रमाणपत्र सृजन आ सोशल मीडिया साझाकरण में भागीदारी
  • ‘हमारा संविधान – हमारा स्वाभिमान’ पs राष्ट्रीय ऑनलाइन क्विज आ ब्लॉग/निबंध प्रतियोगिता
  • सम्मेलन, सेमिनार, वाद-विवाद, लघु फिलिम, प्रदर्शनी, सांस्कृतिक कार्यक्रम, पोस्टर/पेंटिंग आ रंगोली प्रतियोगिता, आउर पंचायत से संसद स्तर तक संविधान-विषयक आउर गतिविधि।

एह तरे, संविधान दिवस, 2025 के देस के हर कोना में आउर विश्व में रहे वाला भारतीय लोगन द्वारा संवैधानिक मूल्यन के राष्ट्रीय उत्सव के रूप में मनावल जा रहल बा।

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू कार्यक्रम के दौरान भारत के संविधान के प्रस्तावना पढ़े के नेतृत्व करिहें। एह कार्यक्रम के दौरान यादगार पुस्तिका ‘भारत के संविधान में कला आ कैलिग्राफी’ जारी कइल जाई।

Read Also: संविधान दिवस, 2025 के उपलक्ष्य में संसद के संविधान सदन में बुध के समारोह के आयोजन कइल जा रहल बा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.