IND vs PAK: पाकिस्तान के खिलाफ ना खेलिहें अक्षर? फील्डिंग कोच देलें जानकारी; मैच के दौरान भइल रहस चोटिल

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय टीम के फील्डिंग कोच टी दिलीप अक्षर पटेल के चोट पs अपडेट देले बाड़ें। अक्षर ओमान के खिलाफ एशिया कप मुकाबला के दौरान चोटिल हो गइल रहस। अक्षर कैच लेवे के दौरान चोटिल हो गइल रहस जवना कारण उनका मैदान से बाहर जाये के पड़ल रहे। भारत आपन अंतिम ग्रुप मैच में ओमान के 21 रन से हराके जीत के हैट्रिक लगवले रहस। अब ओकर सामना सुपर चार चरण में अतवार के चिर प्रतिद्वंद्वी पाकिस्तान से होई।

कैच लेवे के दौरान भइल रहस चोटिल

शिवम दुबे के गेना पs हम्माद मिर्जा शॉट लगवलें आ अक्षर कैच लेवे खातिर दउड़लें। अक्षर गेना तक पहुंच गइल रहस, बाकिर उ कैच पूरा ना कs सकलें आ चोटिल हो गइलें। मैदान पs गिरला के बाद अक्षर के कुछ दिक्कत भइल आ उनका तुरंते मैदान से बाहर जाये के पड़ल। अब दिलीप अक्षर के चोट पs अपडेट देलें आ मैच के बाद बतवलें कि उ अच्छा इस्थिति में दिख रहल बाड़ें।

दिलीप कहलें, ‘अभी-अभी हम अक्षर के देखनी हs, उ एह समय ठीक लागत बाड़ें। हम एकरा बारे में इहे कह सकत बानी।’ अक्षर के पहिला बेर एह एशिया कप में बल्लेबाजी करे के मौका मिलल आ उ ओमान के खिलाफ 13 गेना पs 26 रन बनवलें, जेमे तीन चौका आ एक छक्का सामिल बा। अक्षर खाली एक ओवर गेंदबाजी कइलें आ चार रन देलें, जबकि उनका कवनो सफलता ना मिलल। पाकिस्तान के खिलाफ अक्षर बहुते महत्वपूर्ण साबित हो सकत बाड़ें, बाकिर ई जरूरी बा कि उ जल्द से जल्द होखस।

भारतीय फील्डिंग कोच से पाकिस्तान के खिलाफ भारत के अगिला मैच खातिर कम समय के बारे में पूछा गइल जवन एक दिन के ब्रेक के बाद 21 सितंबर के खेलल जाई। उ मैच के लेके बनल हाइप के जादे तवज्जो ना देलें आ कहलें कि टीम हर मैच के एगो आम मैच के तरे लेले आ उ आपन चिर-प्रतिद्वंद्वी के संगे फेर से भिड़े खातिर तइयार बिया।

भारत ग्रुप चरण में जीतलस सब मैच

दिलीप कहलें, ‘पाकिस्तान के खिलाफ मैच खातिर सब केहू तइयार बा। हमनी के हर मैच के एक जइसन मानेनी सs आ हमनी के कार्यक्रम आ एकर पूरी जानकारी बा। एहिसे हर मैच एगो आम मैच बा आ हमनी के एकरा खातिर तइयार बानी सs।’ भारत ग्रुप ए में आपन सब तीन मैच जीतल आ अंक तालिका में शीर्ष पs रहत अगिला दौर खातिर क्वालिफाई कइलस। भारत के फाइनल में पहुंचे खातिर सुपर चार में सामना पाकिस्तान, बांग्लादेश आ श्रीलंका से होई।

Read Also: Udhampur Encounter : उधमपुर मुठभेड़ में जवान बलिदान, सुरक्षाबलन आ आतंकियन के बीच फायरिंग जारी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-