BCCI New President : मिथुन मन्हास बनिहें बीसीसीआई के नया अध्यक्ष, आरपी सिंह के बड़ जिम्मेदारी मिलल तय

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 21, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। बीसीसीआई के अनुभवी प्रशासकन आ अहम निर्णयकर्ता सनिचर के अनौपचारिक बैठक कइल, ताकि 28 सितंबर के होखे वाला वार्षिक आम बैठक (एजीएम) से पहिले बोर्ड के खाली पड़ल पदन खातिर उम्मीदवारन के अंतिम

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। बीसीसीआई के अनुभवी प्रशासकन आ अहम निर्णयकर्ता सनिचर के अनौपचारिक बैठक कइल, ताकि 28 सितंबर के होखे वाला वार्षिक आम बैठक (एजीएम) से पहिले बोर्ड के खाली पड़ल पदन खातिर उम्मीदवारन के अंतिम रूप दिहल जा सके।

सूत्रन के मोताबिक, जवना लोगन के नाम पs विचार कइल गइल। उनका के बैठक में बुलावल गइल रहे। जम्मू क्रिकेट संघ से आवे वाला पूर्व क्रिकेटर मिथुन मन्हास बीसीसीआई अध्यक्ष (BCCI New President) होइहें, जबकि राजीव शुक्ला अपना पुरान उपाध्यक्ष पद पs बनल रहिहें।

बाकी पदन पs एह लोगन के नियुक्ति

ओहिजा, कर्नाटक राज्य क्रिकेट संघ (केएससीए) के अध्यक्ष रघुराम भट्ट कोषाध्यक्ष बन सकत बाड़ें। भारत के पूर्व स्पिनर भट्ट के केएससीए अध्यक्ष पद के कार्यकाल 30 सितंबर के समाप्त हो रहल बा।

देवजीत सैकिया आगे सचिव रहिहें, जबकि प्रभतेज भाटिया संयुक्त सचिव बन सकत बाड़ें। अरुण सिंह धूमल एक बेर फेर आईपीएल चैयरमैन बनल रहे के उम्मेद बा। भारत के पूर्व स्पिनर हरभजन सिंह, जिनका के पंजाब क्रिकेट संघ के प्रतिनिधि बनाके एजीएम में भेजल गइल बा, एह बैठक के हिस्सा ना रहे।

सत्तारूढ़ भाजपा चाहत बिया कि अहम पदन पs खिलाड़ियन के जगह मिली। हालांकि, पार्टी खेल संस्था के ममिलन में सक्रिय दखल बहुत कम देला।

ओझा-आरपी के बड़ जिम्‍मेदारी

एह बीच, इहो तय हो गइल बा कि प्रज्ञान ओझा राष्ट्रीय सीनियर चयन समिति में एस शरत के जगह लिहें। शरत के जूनियर चयन समिति के नया चेयरमैन बनावल जाई, जहां उ वीएस तिलक नायडू के जगह लिहें। ओहिजा, पूर्व तेज गेंदबाज आरपी सिंह सुब्रतो बनर्जी के जगह लिहें। नया चयन समिति 28 सितंबर से कार्यभार संभारी।

ई होई बीसीसीआई के नया पदाधिकारी

  • अध्यक्ष, मिथुन मन्हास
  • उपाध्यक्ष, राजीव शुक्ला
  • कोषाध्यक्ष, रघुराम भट्ट
  • सचिव: देवजीत सैकिया
  • संयुक्त सचिव: प्रभतेज भाटिया
  • आईपीएल चैयरमैन: अरुण सिंह धूमल

Read Also: Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज में मिशन शक्ति 6.0 के उद्घाटन, छात्र-छात्रा लिहलें महिला सम्मान के शपथ

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.