Udhampur Encounter : उधमपुर मुठभेड़ में जवान बलिदान, सुरक्षाबलन आ आतंकियन के बीच फायरिंग जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 20, 2025

जम्मू। उधमपुर के ऊंचाई वाला एगो सुदूर वन क्षेत्र में सेना आ पुलिस आतंकवादियन के मौजूदगी के सूचना पs संयुक्त तलाशी अभियान सुरू कइलस। एह दौरान आतंकवादियन के संगे मुठभेड़ भइल। गोली लगला से एगो

Share

जम्मू। उधमपुर के ऊंचाई वाला एगो सुदूर वन क्षेत्र में सेना आ पुलिस आतंकवादियन के मौजूदगी के सूचना पs संयुक्त तलाशी अभियान सुरू कइलस। एह दौरान आतंकवादियन के संगे मुठभेड़ भइल। गोली लगला से एगो सैनिक गंभीर रूप से घायल हो गइल। सैनिक के अस्पताल में भर्ती करावल गइल, जहां इलाज के दौरान सनिचर के सबेरे सैनिक के मौत हो गइल।

जानकारी के अनुसार, सैनिक सुक के देर सांझ ओह समय घायल हो गइल रहे, जब आतंकवादी उधमपुर के डुडू-बसंतगढ़ क्षेत्र आ डोडा के भद्रवाह में सेओज धार वन सीमा पs सेना आ जम्मू-कश्मीर पुलिस के विशेष अभियान समूह (एसओजी) के संयुक्त तलाशी दल पs गोलीबारी कइलें।

ऊ बतवलें कि सैनिक के अस्पताल ले जाइल गइल, जहां ओकर मौत हो गइल। अधिकारी लोग बतावल कि मुठभेड़ स्थल के आसपास के इलाका के रात भर कड़ा घेराबंदी में रखल गइल रहे। सनिचर के सबेरे संयुक्त तलाशी अभियान फेर से सुरू भइल। ऊ बतवलें कि वन क्षेत्र में दू से तीन आतंकवादियन के छिपल होखे के आशंका बा।

उधमपुर आ डोडा दूनो तरफ ड्रोन आउर खोजी कुत्तन से लैस अतिरिक्त बल भेजल गइल बा आ अंतिम रिपोर्ट मिले तक व्यापक तलाशी अभियान जारी रहे। हालांकि, सेना के अधिकारी बतवलें कि अभी तक आतंकवादियन से कवनो नया संपर्क नइखे भइल।

Read Also: All Time T20 WC 11 : गंभीर-सहवाग OUT, रोहित-कोहली IN… Dinesh Karthik चुनलें भारत के बेस्ट टी20 वर्ल्ड कप प्लेइंग- XI

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.