IND vs PAK : भारत एशिया कप में दर्ज कइलस लगातार दूसरका जीत, गेंदबाजन के रहल दबदबा; पाकिस्तान के देलस शिकस्त

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय टीम पाकिस्तान के एशिया कप के मुकाबले में सात विकेट से हराके लगातार दूसरका जीत दर्ज कइलस। भारत पाकिस्तान के 25 गेना शेष रहत हराके मवजूदा टूर्नामेंट में लगातार दूसरका जीत दर्ज कइलस। एह मैच में टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल पाकिस्तान के टीम 20 ओवर में नव विकेट पs 127 रन बनवलस। जवाब में भारत 15.5 ओवर में तीन विकेट पs 131 रन बनवलस आ मैच अपना नाम कs लेलेस। भारत एकरा पहिले ग्रुप ए के अपना पहिला मैच में यूएई के शिकस्त देले रहे।

भारत सुपर चार चरण खातिर लगभग क्वालिफाई कइलस

भारतीय गेंदबाजन के बाद बल्लेबाज निराश ना कइल लोग आ आसानी से लक्ष्य हासिल कs लिहल। भारत के एक बेर फेर अभिषेक शर्मा आ शुभमन गिल अच्छा सुरुआत दिहल, बाकिर दूनो पावरप्ले में आपन विकेट गंवा बइठल। गिल 10 रन बनाके आउट भइलें, जबकि अभिषेक ने 31 रन बनाए। इसके बाद मोर्चा कप्तान सूर्यकुमार ने तिलक वर्मा के साथ संभाला। दूनो बल्लेबाजन के बीच तीसरका विकेट खातिर 56 रन के साझेदारी भइल। तिलक 31 रन बनाके आउट भइलें। फेर शिवम दुबे आ सूर्यकुमार मिलके भारत खातिर जीत के औपचारिकता पूरा कइल लोग। भारत खातिर सूर्यकुमार 37 गेना पs पांच चौका आ एक छक्का के मदद से 47 रन बनाके नाबाद लवटेलें, जबकि दुबे 10 रन बनाके नाबाद रहलें। पाकिस्तान के ओर से तीनो विकेट सैम अयूब के मिलल। भारत एकरा संगही सुपर चार चरण खातिर दावा मजबूत कs लेले बा।

बेदम दिखल पाकिस्तान के बल्लेबाजी

पाकिस्तान के कप्तान सलमान आगा एह मैच में टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला कइलें, बाकिर भारत गेंदबाजन के दम पs ओकरा के बड़ स्कोर खड़ा करे से रोकलस। पाकिस्तान 20 ओवर में नव विकेट पs 127 रन बनवलस। भारत खातिर कुलदीप सबसे जादे तीन विकेट लेलें, जबकि जसप्रीत बुमराह आ अक्षर पटेल के दू-दूगो सफलता मिलल आ हार्दिक पांड्या आउर वरुण चक्रवर्ती के एक-एक विकेट मिलल।

पाकिस्तान के लागल सुरुआती झटका

मैच में पाकिस्तान के सुरुआत बहुते खराब रहल आ उ पहिलका गेना पs सैम अयूब के विकेट गंववलस। भारत के ओर से हार्दिक गेंदबाजी के सुरुआत कइलस आ पहिला गेना वाइड फेंकलस, बाकिर अगिलका गेना पs सैम अयूब बुमराह के आसान कैच थमा बइठलें। सैम खाता तक ना खोल पवलें। एकरा बाद जसप्रीत बुमराह मोहम्मद हारिस के पवेलियन के राह देखवलें। हारिस पांच गेना पs तीन रन बनाके आउट भइलें। पाकिस्तान एह तरे छव रन के स्कोर पs दू विकेट गंवा देलें। सुरुआती झटका लगला के बाद फखर जमां आ साहिबजादा फरहान पाकिस्तान के पारी के संभारल आ तीसरका विकेट खातिर 39 रन जोड़ल। फखर जब खाता तक ना खोल सकल रहस तs बुमराह के गेना पs एलबीडब्ल्यू भइल रहस, बाकिर उ रिव्यू लेलें जवना से उनका जीवनदान मिलल। हालांकि, फखर भारत खातिर परेसानी खड़ा करते ओकरा पहिलही अक्षर के गेना पs आउट हो गइलें। फखर 15 गेना पs तीन चौका के मदद से 17 रन बनवलें।

कुलदीप के चलल जादू

कलाई के स्पिनर कुलदीप यादव के दम एशिया कप में दिख रहल बा आ उ सुरुआती दू मैचन में सात विकेट लेके आपन उपयोगिता साबित कs रहल बाडें। कुलदीप पहिले यूएई के खिलाफ मैच में चार विकेट लेलें आ अब पाकिस्तान के खिलाफ तीन विकेट झटकलें। बीच के ओवरन में भारतीय स्पिनर पाकिस्तान के कमर तूड़ देलें। कुलदीप यादव लगातार दू गेना पs हसन नवाज आ मोहम्मद नवाज के आउट कs के पाकिस्तान के बैकफुट पs धकेल देलें। कुलदीप के तीसरी सफलता साहिबजादा फरहान के रूप में मिलल।

खिलाड़ियों ना मिलावल लोग हाथ

मैच के दौरान भारत आ पाकिस्तान के खिलाड़ियन के बीच तनाव के असर दिखल। सूर्यकुमार जइसही भारत के जीत दिलवलें उ पवेलियन के तरफ लवट अइलें। उ पाकिस्तान के खिलाड़ियन से हाथ ना मिलवलें। बइसही बाकी खिलाड़ी लोग कइल। ओहिजा, मैच के बाद भइल पुरस्कार समारोह में पाकिस्तान के कप्तान सलमान अली आगा ना अइलें। एकरा पहिले टॉस के दौरान दूनो टीम के कप्तान एक दूसरा से हाथ ना मिलवले रहे।

Read Also: Bihar Election 2025: ’20 सीट ना दिहल गइल तs 100 सीटन पs उतारेम प्रत्याशी’- मांझी के एलान, एनडीए में भूचाल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-