[the_ad_group id="30365"]

Bihar Election 2025: ’20 सीट ना दिहल गइल तs 100 सीटन पs उतारेम प्रत्याशी’- मांझी के एलान, एनडीए में भूचाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। केंद्र के राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन सरकार के मंत्री आ हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा (सेक्युलर) के प्रमुख जीतन राम मांझी बिहार के राजनीति में खलबली मचा देले बाड़ें। लोकसभा चुनाव के कुछ समय पहिले महागठबंधन से निकलके एनडीए में लवटल जीतन राम मांझी बिहार विधानसभा चुनाव 2025 खातिर सीट बंटवारा के लेके बड़ बयान दे देले बाड़ें। मांझी कहलें कि उनकर पार्टी के जदि 20 सीटन पs मौका ना दिहल गइल तs उ 100 प्रत्याशियन के उतरिहें।

केंद्रीय मंत्री जीतन राम मांझी कहलें कि उ एनडीए के प्रति समर्पित बाड़ें आ लोकसभा चुनाव में हर बात स्वीकार कइले रहस। एह गठबंधन में प्रतिष्ठा मिलल बा, बाकिर हमनी खातिर मेहनत करे वाला कार्यकर्ता लोगन के कुछ उम्मीद बा। ई उम्मीद पूरी करे खातिर बिहार विधानसभा चुनाव एगो मौका बा आ हम एनडीए के जितावे खातिर हर तरे से ताकत झोंके के तइयार बानी। बाकिर, अबकि बेर चुनाव में एनडीए के अंदर हमरा बिहार के 20 सीट चाहीं। हमनी के ई मांग रखले बानी सs। बात कs रहल बानी सs। बाकिर, जदि बात ना बनल तs 100 सीट पs प्रत्याशी उतार सकत बानी सs।

पिछला बिहार चुनाव 2020 में हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा 7 सीट पs प्रत्याशी उतरले रहे। ओमे से चार पs जीत मिलल रहे, जबकि एक सीट पs एकरा प्रत्याशी के जमानत जब्त हो । जहां हम-से प्रत्याशी देले रहे, उहा ओकरा 0.38 प्रतिशत वोट मिलल रहे। एह चुनाव में हम-से के तीन सीटन के फायदा भइल रहे। एकरा पहिले ओकर महज एक विधायक रहे। 2020 के चुनाव में जीतन राम मांझी विधायक बनल रहस आ उनकर बेटाे बनल रहस।

जब 2020 के जनादेश से अलग होके मुख्यमंत्री नीतीश कुमार महागठबंधन में चल गइल रहस तs मांझी उनका संगे रहस। बाद में नीतीश-मांझी के बीच गतिरोध बढ़ल आ उ मुख्यमंत्री के पहिले भारतीय जनता पार्टी के संगे वापस आ गइलें। 2024 के लोकसभा चुनाव में उनका के एनडीए संसदीय चुनाव में उतरे के मौका देलस आ उ जीतलें तs सांसद के संगे केंद्रीय मंत्री बनलें। उनकर छोड़ल विधानसभा सीट उप चुनाव में उनका लगही रह गइल।

Read Also: Bihar Politics : प्रशांत किशोर एह 6 नेता पऽ जतवलें भरोसा, 243 विधानसभा सीट खातिर प्लान तइयार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]