[the_ad_group id="30365"]

Asia Cup 2025 Points Table: भारत सुपर-4 में पहुंचल, 3 स्पॉट खातिर अब 5 टीमन के बीच जंग

Asia Cup 2025
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। 2025 Asia Cup Standings Updated: यूएई में एशिया कप 2025 के पहिला डबल हेडर 15 सितंबर के खेलल गइल। यूएई ओमान के 42 रन से मात देलस, जबकि श्रीलंका हांगकांग के 4 विकेट से हरवलस। एह दूनो मैचन के नतीजा के बाद दूगो टीम सुपर-4 के रेस से बाहर हो गइल, जबकि भारतीय टीम के सुपर-4 के टिकट मिल गइल।

टीम इंडिया ग्रुप-ए में दू मैच में जीत हासिल कs के ग्रुप-ए के अंक तालिका में पहिला पायदान हासिल कइले बिया। अब टूर्नामेंट में सुपर-4 में पहुंचे खातिर 3 स्पॉट खाली बा, जवना खातिर बाकी बचल पांच टीमन के बीच जंग छिड़ल बा। पाकिस्तान के टीम के हालत अच्छी नइखे। आईं देखल जाव एशिया कप 2025 के लेटेस्ट अंक तालिका।

Asia Cup 2025 Points Table Updated

एशिया कप 2025 के ग्रुप-ए (Asia Cup 2025 Points Table Group-A) के अंक तालिका के बात कइल जावs  तs टीम इंडिया सुपर-4 खातिर क्वालीफाई कs लेले बिया आ उ टॉप पs 4 अंक आ +4.793 नेट रन रेट के संगे मौजूद बिया, जबकि ओमान के टीम आपन दूनो मैच में हार के संगे टूर्नामेंट से बाहर हो गइल बिया।

ओमान के टीम ग्रुप-ए से बाहर होखे वाली पहिला टीम बनल। हालांकि, एगो मैच ओमान के भारत के खिलाफ बा, जवना के नतीजा से प्वाइंट्स टेबल में कुछ असर नइखे पड़े वाला। अब ग्रुप-ए में भारत के अलावे पाकिस्तान आ यूएई के टीम मौजूद बाड़ी सs। ई दूनो टीम टूर्नामेंट में आपन दू-दू मैच में से 1-1 मैच में जीत हासिल कइले बाड़ी सs।

ग्रुप-ए मैच जीत हार टाई अंक नेट रन रेट
भारत (Q)

2 2 0 0 4 +4.793
पाकिस्तान 2 1 1 0 2 +1.649
यूएई

2 1 1 0 2 -2.030
ओमान (E) 2 0 2 0 0 -3.375
ग्रुप-बी मैच जीत हार टाई प्वाइंट्स नेट रन रेट

श्रीलंका 2 2 0 0 4 +1.546
अफगानिस्तान 1 1 0 0 2 +4.700
बांग्लादेश 2 1 1 0 2 -0.650
हांगकांग (E)

3 0 3 0 0 -2.151

ओहिजा, एशिया कप 2025 के ग्रुप-बी के अंक तालिका (Asia Cup 2025 Points Table Group-B) के बात करीं तs श्रीलंका के टीम सबसे ऊपर बा। श्रीलंका के लगे 4 अंक बा आ ओकर नेट रन रेट +1.546 के बा।

ग्रुप-बी में से कवनो अभी तक सुपर-4 खातिर क्वालीफाई नइखे, बाकिर हांगकांग के टीम टूर्नामेंट में अपना तीन मैचन में मिलल हार के संगही बाहर हो गइल बा। अफगानिस्तान के टीम दू अंक आ +4.700 नेट रन रेट के संगे दूसरका पायदान आ बांग्लादेश के टीम 2 प्वाइंट्स आ -0.650 अंक के संगे तीसरका स्थान पs बा।

Read Also: Shramjeevi Express : फतुहा स्टेशन पs बड़ हादसा टलल, श्रमजीवी एक्सप्रेस दू हिस्सन में बंटल, कवनो यात्री घायल ना

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]