’26 लोगन के जान से जादे कीमती बा पईसा?’ भारत-पाक मैच पs छिड़ल सियासी घमासान; ओवैसी दगलें सवाल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 14, 2025

नई दिल्ली। एशिया कप 2025 में आज भारत आ पाकिस्तान के बीच महामुकाबला खेलल जाये के बा। दुबई में खेलल जा रहल एह मैच पs भारते ना पूरा दुनिया के नजर टिकल बा। कश्मीर के

Share

नई दिल्ली। एशिया कप 2025 में आज भारत आ पाकिस्तान के बीच महामुकाबला खेलल जाये के बा। दुबई में खेलल जा रहल एह मैच पs भारते ना पूरा दुनिया के नजर टिकल बा। कश्मीर के पहलगाम में भइल आतंकी हमला के बाद ई पहिला मौका बा, जब दूनो देसन के बीच कवनो मुकाबला खेलल जा रहल बा। एह मुकाबला के लेके राजनीतिक बयानबाजी तेज हो गइल बा।

दरअसल, एआईएमआईएम अध्यक्ष असदुद्दीन ओवैसी भारत आ पाकिस्तान के बीच हो रहल मैच के लेके केंद्र के मोदी सरकार पs निशान सधलें। ओवैसी पूछलें कि का एह मैच से होखे वाला आर्थिक लाभ पहलगाम में मारल गइल 26 लोगन के जान से जादे महत्वपूर्ण बा।

सरकार पर बरसले ओवैसी

ओवैसी कहलें कि असम के सीएम हिमंत बिस्वा सरमा, यूपी के सीएम योगी आदित्यनाथ आ ओह सभे से हमाार सवाल बा कि का रउआ लोगन के लगे पाकिस्तान के खिलाफ क्रिकेट मैच खेले से इनकार करे के शक्ति नइखे।

ओवैसी सवाल खड़ा करत कहलें कि का मैच से कमाइल गइल पईसा जम्मू-कश्मीर में आतंकवादी हमला में मारल गइल 26 नागरिकन के जान से जादे कीमती बा।

‘का 26 जान से जादे महत्वपूर्ण बा पईसा?’

ओवैसी कहलें कि हम प्रधानमंत्री से पूछत बानी कि जब रउआ कहले रहीं कि खून आ पानी साथ-साथ नइखे बह सकत, बातचीत आ आतंकवाद साथ-साथ नइखे हो सकत, तs बीसीसीआई के एगो क्रिकेट मैच से केतना पईसा मिली, 2000 करोड़ रुपिया, 3000 करोड़ रुपिया? का पईसा के कीमत हमनी के 26 नागरिकन के जान से जादे बा? AIMIM प्रमुख ओवैसी कहलें कि हमनी के काल्हो ओह 26 नागरिकन के संगे खड़ा रहनी सs, आजो ओह लोगन के संगे खड़ा बानी सs आ काल्हो ओह लोगन के संगे खड़ा रहेम सs।

विपक्ष कहलस- एह मैच के होखे बहिष्कार

कई गो विपक्षी नेता आज के मैच के बहिष्कार करे के वकालत कइले बा लोग। मुख्य विपक्षी दल कांग्रेस के नेता अभिषेक दत्त मैच में भारत के भागीदारी के आलोचना करत मैच रद्द करे के मांग कइलें। उनकर कहनाम बा कि मैच खेले के ई फैसला सरकार के “आतंकवाद से बातचीत ना” के रुख के विपरीत बा।

समाचार एजेंसी एएनआई से बात कर ऊ कहलें कि एगो ओरी रउआ ऑपरेशन सिंदूर के बात कर रहल बानी। दूसरका ओर रउआ पाकिस्तान के संगे मैच खेलके का संदेश दिहल चाहत बानी।

Read Also: Gujrat Fire : गुजरात के फैक्ट्री में लागल भीषण आग, दमकल के 15 गाड़ी मवका पs पहुंचली सs

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.