टी20 विश्व कप 2022 में भारतीय टीम के चौथा मैच बांग्लादेश के खिलाफ बा। भारतीय टीम फिलहाल तीन मैच में दू जीत अउर एक हार के साथ चार अंक ले के दूसरे स्थान पर बा। टीम के पिछले मैच में दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ हार के सामना करे के पड़ल रहे। दक्षिण अफ्रीका के टीम पांच अंक लेकर ग्रुप-दो में शीर्ष पर बा। ओसे पहिले भारत पाकिस्तान अउर नीदरलैंड के हरवले।
ग्रुप-दो में फिलहाल नीदरलैंड के छोड के बाकी पांच टीम सेमीफाइनल में पहुंचले रेस में बानें। अइसे में टीम इंडिया बांग्लादेश के हरा के एह समीकरण के तनी आसान कइल चाही। भारतीय टीम अगर बांग्लादेश के हरा देतीया त ओकर सेमीफाइनल के दावा बेहद मजबूत हो जाई।
साथ ही टीम अंक तालिका में शीर्ष पर पहुंच जाई। भारत अउर बांग्लादेश में से जौन भी टीम जीती, ऊ ग्रुप-दो में शीर्ष स्थान पर जगह बनाई। भारत अउर बांग्लादेश के बीच अब ले कुल 11 टी20 मुकाबला खेलल गइल बा। एमें से भारत 91 फीसद मैच जीतल बा। यानी भारत कुल 10 मैच जीतल बा। जबकि बांग्लादेश के टीम के केवल एक मैच में जीत हासिल भइल। भारतीय टीम एह दबदबा के बरकरार रखे उतरी। भारत अउर बांग्लादेश के बीच मुकाबला दू नवंबर यानी बुध के बा। मुकाबला एडिलेड ओवल में खेलल जाई। ई मैच भारतीय समयानुसार दोपहर डेढ़ (1:30) बजे से बा। टॉस एक (1:00) बजे होई।
टी20 वर्ल्ड कप के प्रसारण के अधिकार स्टार स्पोर्ट्स नेटवर्क के लग्गे बा। आप स्टार स्पोर्ट्स के अलग-अलग चैनल पर हिंदी अउर इंग्लिश के अलावा देश के अन्य भाषा में कमेंट्री के संगे ई मैच देख सकsतनी। एह मैच के लाइव-स्ट्रीमिंग भारत में डिज्नी प्लस हॉटस्टार एप पर देखल जा सकsता।
एके डीडी फ्री डिश में एह मैच के प्रसारण डीडी स्पोर्ट्स चैनल पs कइल जा रहल बा। डीडी स्पोर्ट्स चैनल खातिर कौनो शुल्क नाइ देवे के पड़sला। अइसे में आप बिना कौनो पैसा दिहलें ई मैच देख सकतनी।